लेख विकिपीडिया पर कौनों बिसय पर लिखल एगो आधारभूत चीज हवे। विकीपीडिया एही लेखन से आ लेखन की खातिर बनल बाटे। अउरी पन्ना कुल लेख वाला पन्ना की सपोर्ट खातिर बनल बा।

एगो नीमन लिखल लेख में नीचे दिहल गइल गुन जरूर होखे के चाहीं:

  1. लेख में, जवना व्यक्ति, वस्तु या विचार की बारे में लेख लिखल गइल बा पूरा जानकारी होखे के चाहीं। नहीं त अइसन लेख आधार के श्रेणी में रखे लायक कहाई आ ई ज्ञानकोश की लायक ना मानल जाई।
  2. लेख में ठीक ढंग से बिसय की बारे में अलग-अलग चीज क बंटवारा कई के पैराग्राफ आ हेडिंग होखे के चाहीं।
  3. लेख में पर्याप्त जरूरी सन्दर्भ होखे के चाहीं।
  4. लेख कौनों आदमी क मौलिक लेखन ना होखे के चाहीं बलुक एम्में अइसन जानकारी होखे के चाहीं जेवना के कहीं दुसरा मान्य स्रोत से प्रमाणित जरूर कइल जा सके।
  5. लेख क बिसय अइसन होखे के चाहीं कई ऊ ज्ञानकोश में शामिल होखे लायक होखे। ई ना कई कौनों बिसय पर लेख बना दिहल जाय।

अइसन लेख मत बनाईं संपादन करीं

  1. जवना क उल्लेख्नीयता न होखे।
  2. जवन केहू जिंदा व्यक्ति की बारे में होखे। अइसन जीवित लोग जे अपनी जिनगिये में बहुत परसिद्ध हो गइल होखे खाली ओही की बारे में लेख बनावल जा सकत बा।
  3. अइसन व्यक्ति या बिसय की बारे में लेख मत बनाईं जेवना से राउर व्यक्तिगत संबंध होखे आ ऐसे ए लेख क निष्पक्षता प्रभावित भइले क चानस होखे।
  4. विवादित बिसय पर लेख बनावे में हमेशा निष्पक्ष रहीं आ दूनो पक्ष क बात लिखीं। एकपक्षीय बात वाला लेख मत बनाईं।
  5. बिना सन्दर्भ दिहले लेख मत बनाईं। सन्दर्भ हमेशा निष्पक्ष, आ सर्वमान्य स्रोत से दीं। ब्लाग, लोकल अखबार आ अइसन अखबार जहाँ प्रचार खातिर लेख छ्पवावल ज सकत होखे, कहो क प्रचार सामग्री, केहू का व्यक्तिगत जानकारी( जेवन पब्लिक में पहिले से मौजूद न होखे), वगैरह स्रोत की रूप में मत इस्तेमाल करीं।