विक्रम अंबालाल साराभाई (12 अगस्त 1919 — 30 दिसंबर 1971) एगो प्रमुख भारतीय वैज्ञानिक रहलें। कुल 86 गो वैज्ञानिक शोध पत्र लिखलें आ 40 गो संस्थान खोललें। भारत सरकार द्वारा1966 में विज्ञान आ इंजीनियरिंग के क्षेत्र में इनका के पद्मभूषण से सम्मानित कइल गइल।[1] साराभाई के नाम भारत के अंतरिक्ष कार्यक्रम से अलग ना कइल जा सकेला, इ विश्व प्रसिद्ध बा कि विक्रम साराभाई ही अंतरिक्ष अनुसंधान के क्षेत्र में भारत के अंतर्राष्ट्रीय नक्शा पर रखले रहलें, ओह समय के परधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के समय में इनहीं के सलाह पर भारतीय अंतरिक्ष रिसर्च खातिर संस्था बनल जे आ इसरो के रूप से बाटे; एही से इनका के इसरो के संस्थापक के दर्जा दिहल जाला। अंतरिक्ष रिसर्च के साथे कपड़ा, दवाई, परमाणु ऊर्जा, इलेक्ट्रॉनिक्स आ अउरी कई गो क्षेत्रन में भी ई बराबर योगदान दिहलन।

विक्रम अंबालाल साराभाई
विक्रम साराभाई
जनम(1919-08-12)12 अगस्त 1919
अहमदाबाद, भारत
निधन30 दिसंबर 1971(1971-12-30) (उमिर 52)
Halcyon Castle,कोवलम in तिरुवनंतपुरम, केरल, भारत
निवासभारत
राष्ट्रीयताभारतीय
अल्मा मैटरगुजरात कॉलेज
St. John's College, कैम्ब्रिज विश्वविद्यालय
Doctoral advisorसी. वी. रमन
Known forभारत के अंतरिक्ष कार्यक्रम (इसरो)
भारत केपरमाणु कार्यक्रम

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Padma Awards Directory (1954–2013)" (PDF). Ministry of Home Affairs, Government of India. 14 August 2013. Archived from the original (PDF) on 15 October 2015. Retrieved 21 July 2015.