विन्सेंट वान गॉग
विन्सेंट विलेम वान गॉग (अंग्रेजी:Vincent Willem van Gogh; ( सुनल जाय) 30 मार्च 1853 – 29 जुलाई 1890) एगो डच चित्रकार रहलें। वान गॉग पोस्ट-इम्प्रेशनिस्ट पेंटर रहलें जे अपना मौत के बाद परसिद्धि पवलें आ पच्छिमी कला जगत में सभसे परसिद्ध आ परभाव छोड़े वाला कलाकार बन गइलें। उनुके पहिले पेंटिंग में इम्प्रेशनिज्म के जमाना रहे, जेकरा के परभाववाद भी कहल जाला, जेह में महीन ब्रश के चीन्हा आ रोशनी के सटीक चित्रण देखे के मिले ला। पोस्ट इम्प्रेशनिस्ट लोग एकरे बिपरीत बेसी चटक रंग के इस्तेमाल आ ब्रश के चीन्हा के ड्रामाई इस्तेमाल खातिर जानल जाला। वान गॉग एक दशक में लगभग 2,100 कलाकृति बनवलें जेह में लगभग 860 गो ऑयल पेंटिंग शामिल बाड़ी। इनहन में से ज्यादेतर उनके मौत के पहिले के दू बरिस के भीतर के बनावल हईं। एह पेंटिंग सभ में लैंडस्केप, स्टिल लाइफ़, पोर्ट्रेट आ खुद के बनावल पोर्ट्रेट शामिल बाड़ें। नाटकीय ब्रश स्ट्रोक, उदबेग आ अभिव्यक्ति से भरल ब्रश-स्ट्रोक वाली ई रचना सभ आधुनिक कला (मॉडर्न आर्ट) के नेईं रखली स। ऊ कामर्शियल रूप से बहुत सफल ना भइलें आ बस 37 बरिस के उमिर में उनके आत्महत्या लमहर समय के मानसिक बेमारी, डिप्रेशन आ गरीबी के परिणाम रहल।
Vincent van Gogh | |
---|---|
Born | Vincent Willem van Gogh 30 मार्च 1853 Zundert, Netherlands |
Died | 29 जुलाई 1890 Auvers-sur-Oise, France | (उमिर 37)
Resting place | Cimetière d'Auvers-sur-Oise, France 49°04′31″N 2°10′44″E / 49.07531°N 2.17894°E |
Nationality | Dutch |
Education | Anton Mauve |
Known for | Painting, drawing still life, portraits and landscapes |
Notable work | The Potato Eaters (1885) Sunflowers (1887) Bedroom in Arles (1888) The Starry Night (1889) Portrait of Dr. Gachet (1890) Wheatfield with Crows (1890) The Siesta (1890) Church at Auvers (1890) |
Movement | Post-Impressionism |
संदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Vincent van Gogh पर मौजूद बा। |
- Vincent van Gogh: Self Portrait 1887 Archived 2021-05-23 at the Wayback Machine – read more at NeoImpressionism.net Archived 2023-06-08 at the Wayback Machine
- विन्सेंट वान गॉग at Encyclopædia Britannica
- The Vincent van Gogh Gallery, the complete works and letters of Van Gogh
- Vincent van Gogh The letters, the complete letters of Van Gogh (translated into English and annotated)
- Vincent Van Gogh, teaching resource on Van Gogh
- Works by विन्सेंट वान गॉग at Project Gutenberg
- Works by or about विन्सेंट वान गॉग at Internet Archive
- Works by विन्सेंट वान गॉग at LibriVox (public domain audiobooks)
ई कलाकार-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |