कैलेंडर: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छोNo edit summary
विस्तार
लाइन 1:
[[File:Hindu calendar 1871-72.jpg|thumb|right|250px|[[राजस्थान]] से मिलल एगो भारतीय (हिन्दू) कैलेण्डर (१८७१-७२ ई॰)]]
'''कैलेण्डर''' चाहे '''कलेंडर''' समय की गणना के व्यवस्थित कइला क साधन हवे जेवना में दिन हफ्ता आ साल में बाँट के समय क हिसाब रक्खल जाला। [[तिथि]] कौनों एगो दिन क पहिचान कइले क साधन हवे। दूसरा तरीका से कहल जाय त तिथि कौनो दिन विशेष क नाँव हवे।
 
भारत में सामान्य रूप से अंग्रेजी [[ग्रेगेरियन कैलेण्डर]] आ [[हिन्दू पंचांग]] क इस्तेमाल होला। आजकाल ग्रेगेरियन कैलेण्डर पुरा दुनिया में सबसे ढेर इस्तेमाल होला।
 
कैलेण्डर शब्द क उत्पत्ति लातीन भाषा की ''calendarium'' से भइल हवे जेवना का मतलब किताब में लिखल होला; ई पुराना जमाना में हर महीना की पहिला दिन (kalendae) के लिस्ट बनवला खातिर इस्तेमाल होखे।<ref>New Shorter Oxford English Dictionary</ref>
 
== ग्रेगेरियन कलेंडर ==
अंतर्राष्ट्रीय रूप से स्टैण्डर्ड मानल जाए वाला आ पुरा दुनिया में इस्तेमाल होखे वाला कलेंडर हवे। एकर आधार वर्ष ईसा की जन्म के मानल जाला आ ए से पहिले की समय के BC ("Before Christ") या ईसा पूर्व (ई॰पू॰) आ बाद की सालन के AD ("Anno Domini") या ईसवी (ई॰) कहल जाला। कुछ लोग ई॰ के "CE" ("Common Era") आ ई॰ पू॰ के "BCE" ("Before Common Era") भी कहेला।
 
==हिन्दू पत्रा==
पत्रा चाहे पंचांग से तिथि, वार, नक्षत्र, योग आ करण क हिसाब रक्खल जाला। पाँच चीज क गणना कइले की कारन एके पञ्चांग कहल जाला। हिन्दू पंचांग में शक संवत आ विक्रमी संवत क प्रयोग साल की गिनती खातिर होला।
 
==संदर्भ==
<references/>
{{आधार}}
[[श्रेणी:कैलेण्डर]]