विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
बिस्तार
लाइन 32:
ई अन्य पन्ना सभ नीति भा दिसानिर्देस ना हवें, लेकिन इनहन में विकिपीडिया के समझ बढ़ावे खातिर महत्वपूर्ण जानकारी हो सकत बाटे।
 
==अँगेजल==
[[श्रेणी:विकिपीडिया नीति|*]]
[[विकिपीडिया:"नियम से ऊपर उठ के सोचीं" के मतलब का बा#सहज बुद्धि इस्तेमाल करीं|सहज बुद्धि के इस्तमाल]] से नीति सभ के ब्याख्या करीं आ इनहन के लागू करे करवावे में एही बिबेक के परिचय देईं; नियम सभ के [[वि:नियम से ऊपर उठ के सोचीं|कुछ अपबाद]] भी हो सकेला। एकरे उलटा, अइसन लोग जे नियम के मूल भावना के उल्लंघन करत पावल जाई उनहन लोग पर कार्रवाई होखी, भले तकनीकी रूप से नियम के उल्लंघन न भइल होखे।
 
कौनों नीति नियम या दिसानिर्देस सभसे नीक आचरण बेहवार बाटे की ना, एह बात के निर्णय विकिपीडियन समाज के लोग के आम सहमती से होखी। एकरे अलावा, तटस्थता के उल्लंघन, सत्यापन जोग बात के अलावा कुछ लिखल आ विकिपीडिया के कौनों किसिम के परचार इत्यादि के माध्यम बनावल कौनों भी दसा में स्वीकार ना होखी, काहें की ई विकिपीडिया के मूल भावना हवें आ इहाँ लिखल नीति नियम सभसे पहिले से परंपरा द्वारा स्थापित बाड़ें।
 
कई बेर कौनों नीति या दिशानिर्देस के जिकिर करत समय उहाँ के शॉर्टकट वाला नाँव लिख के इशारा कइल जा सकत बाटे; धियान रहे की कौनों शॉर्टकट खुदे नीति ना हवे।
 
==एन्फोर्समेंट (लागू कइल)==
{{further|वि:एन्फोर्समेंट नीति}}
विकिपीडिया पर एन्फोर्समेंट (नीति नियम लागू कइल) बाकी सामाजिक आपसदारी के बेहवार नियर बाटे। अगर कौनों संपादक समाज के स्थापित अच्छा पैमाना सभ के उल्लंघन करत होखे तब केहू अन्य सदस्य संपादक ओह ब्यक्ति के नीति आ दिसनिर्देश के पालन करे खातिर कह सकत बा। बड़हन आ सीरियस उलंघन या लगातार उलंघन पर विकिपीडिया के प्रबंधक लोग नीति लागू करवावे खातिर एक्शन ले सकत बा। कहले क मतलब ई बा की हर विकिपीडिया संपादक एह पर एह नीति नियम सभ के लागू करवावे के जिम्मेवारी बाटे आ इनहन के उल्लंघन (ना मानल) कौनों दसा में स्वीकार ना हो सकेला। हँऽ बाकी सदस्य लोग के एह बात खातिर सहमत जरूर करावल जा सके ला की कौनों बिसेस कारण से कौनों नीति के अपबाद के रूप में काम के जरूरत बा।
 
अइसन केस में, जहाँ केहू जानबूझ के आ लगातार नीति सभ के ना मान रहल होखे आ इनहन के उल्लंघन में संपादन कर रहल होखे, ओह लोग के कुछ समय खातिर या अनिश्चित काल खातिर संपादन करे से प्रबंधक द्वारा [[वि:रोक नीति|रोकल जा सकत बा]] या लगातार विकिपीडिया खातिर समस्या बन चुकल लोग के समुदाय द्वारा आपसी सहमती से [[वि:प्रतिबंध नीति|प्रतिबंधित]] कइल जा सकत बाटे।
 
{{Wikipedia policies and guidelines|state=plain}}
 
[[श्रेणी:विकिपीडिया नीति|* ]]
[[श्रेणी:विकिपीडिया नीति अउरी दिसानिर्देस| ]]
[[श्रेणी:विकिपीडिया प्रशासन|{{PAGENAME}}]]