अमेरिका: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो →‎top: clean up, replaced: अंग्रेजी → अंगरेजी using AWB
बिस्तार के रूप में नया खंड सुरू कइल गइल
लाइन 140:
 
{{clear}}
 
=== Settlements ===
{{further information|European colonization of the Americas|Thirteen Colonies}}
[[File:View of St. Augustine FL at intersection of Cathedral Pl and Charlotte St 20160707 1.jpg|thumb|[[Saint Augustine, Florida]], the oldest continuously occupied European-established settlement in the continental United States (1565)]]
[[File:The Mayflower Compact 1620 cph.3g07155.jpg|thumb|The signing of the [[Mayflower Compact]], 1620]]
 
जब स्पेन के सरकार सन 1492 में कोलंबस के नई दुनिया के खोज करे खातिर समुंद्री जतरा पर भेजलस, बाकियो कई यूरोपी देस एह काम के अनुसरण कइलें। स्पेन के लोग द्वारा पहिली यूरोपी आबादी फ्लोरिडा आ न्यूमैक्सिको में बसावल गइल, जइसे कि सैंट ऑगस्टीन।<ref>{{cite web|title=St. Augustine Florida, The Nation's Oldest City|url=http://staugustine.com/history/nations-oldest-city|website=staugustine.com|language=en}}</ref> आ सांता फे। फ्रांसीसी लोग आपन आबादी मिसिसिपी नदी के सहारे बसावल। ब्रिटेन के सफल आबादी बसाव अमेरिका के पूरबी किनारा पर वर्जीनिया कालोनी के साथ 1620 में सुरू भइल। ब्रिटेन द्वारा जेम्सटाउन, पिलग्रिम्स आ प्लेमाउथ कालोनी बसावल गइल। इहाँ बसे वाला लोगन में काफी सारा लोग अइसन भी रहे जे अंग्रेज ईसाई समुदाय से रहल आ धार्मिक आजादी के खोज में अहिजा आ के बसल। एह महादीप के पहिला चुनाव द्वारा बनल बिधायिका सभा वर्जीनिया के हाउस ऑफ बर्जसिज़ रहल जे 1919 में अस्तित्व में आइल। मेफ्लावर नाँव के जहाज पर पिल्ग्रिम्स लोग{{efn|इ लोग समंदरी यात्री रहल जे अपना के संत कहे}} द्वारा मेफ्लावर कॉम्पैक्ट पर 1920 में दस्खत भइल जे प्लेमाउथ कालोनी के शासन चलावे खातिर पहिला लिखल दस्तावेज बनल। साल 1939 में फंडामेंटल ऑर्डर्स ऑफ कनेक्टिकट स्थापित भइल जे शासन के संरचना आ बिधान के रूप रेखा तय कइल। एही सभ बिकास आगे चल के बाकी के सगरी कालोनी सभ में भइल।<ref name="Remini2–3">{{Harvard citation no brackets|Remini|2007|pp=2–3}}</ref><ref name="Johnson26–30">{{Harvard citation no brackets|Johnson|1997|pp=26–30}}</ref>
 
एह कालोनी भा उपनिवेशन में आ के आबाद होखे वाला लोग में ज्यादातर लोग छोट किसान रहल, बाकिर कुछ अन्य उद्योग के बिकास भी अलग-अलग कालोनी सभ में एक्के दशक के भीतर अलग-अलग गति से होखे सुरू हो गइल। नकदी फसल (कैश क्रॉप) सभ में तमाकू, धान (चावल) आ गोहूँ रहल। फर (ऊनी बार) आ मछरी आ लकड़ी के कुंदा के उत्पादन भी सुरू भइल। मैन्यूफैक्चरिंग के क्षेत्र में रम (शराब) आ जहाज के निर्माण सुरू भइल, उपनिवेशी जुग के अंत ले चहुँपत समय अमेरिकी उपनिवेश (कालोनी) सभ में दुनिया के सातवाँ हिस्सा लोहा के उत्पादन होखे लागल रहल।<ref>[[#Walton|Walton, 2009]], chapter 3</ref> पूरबी किनारा पर धीरे-धीरे सहर बसत गइलेन जे लोकल रूप से आर्थिक कामकाज के सपोर्ट करे आ ब्यापार-बानिज के धुरी बने के मकसद पूरा करे लगलें। अंग्रेज लोग के अलावा स्कॉटिश-आयरिश लोग के आगमन भी बढ़ल आ जब किनारा पर के जमीन महंग होखे सुरू भइल, पच्छिम के ओर बसाव सुरू हो गइल। पच्छिम के ओर बढ़े में आ जाके बसे में ऊ लोग रहे जे कुछ समय खातिर दास के रूप में या बँधुआ मजूरा के रूप में इहाँ यूरोप से आइल आ आपन मजूरी के समय पूरा होखे के बाद आजाद हो गइल रहे। अइसन लोग के इंडेंचर लेबर कहल जाला।<ref>[[#Lemon|Lemon, 1987]]</ref>
 
अंग्रेजी निजी स्वामी लोग द्वारा बड़हन पैमाना पर बँधुआ मजदूर (दास भा ''स्लेव'') लोग के आगमन सुरू हो गइल।<ref>{{cite book|last1=Jackson|first1=L. P.|title=Elizabethan Seamen and the African Slave Trade|date=1924|pages=1–17|url=https://www.jstor.org/stable/2713432?seq=1#page_scan_tab_contents}}</ref> दक्खिन के तुलना में इहँवा दास (स्लेव) लोग के जिनगी के बचे के उमीद आ जीवन अवधि (लाइफ एक्स्पेक्टेन्सी) बढियाँ रहल काहें कि एह इलाका में घातक बेमारी सभ के परकोप कम रहे आ खाना-पानी आ इलाज के कुछ बेहतर सुबिधा मौजूद करावल गइल, एकरे चलते दास ब्यापार के बाढ़ आ गइल।<ref>[[#Tadman|Tadman, 2000]], p. 1534</ref><ref>[[#Schneider|Schneider, 2007]], p. 484</ref> उपनिवेशी समाज एह दास प्रथा के मुद्दा पर आपसे में बँटाइल रहे आ कई बेर एकरा पक्ष आ बिपक्ष में कानून पास भइलें।<ref name=Lien522>[[#Lien|Lien, 1913]], p. 522</ref><ref name=Davis7>[[#Davis96|Davis, 1996]], p. 7</ref> कुल के बावजूद अठारहवीं सदी के आवत-आवत अफ़्रीकी दास सभ इंडेंचर लेबर के रूप में आवे वाला लोग के संख्या के मामिला में पाछे छोड़ दिहलें आ कैश फसल सभ के काम खातिर, कम से कम दक्खिनी हिस्सा सभ में, अफिरकी दास लोग के इस्तमाल के बोलबाला हो गइल।<ref name="Quirk2011">[[#Quirk|Quirk, 2011]], p. 195</ref>
 
 
==इहो देखल जाय==