एशिया: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
भूमिका दोबारा लिखल गइल आ ज्ञानसंदूक जोड़ल गइल
बिस्तार
लाइन 52:
}}
'''एशिया''' ({{IPAc-en|ˈ|eɪ|ʒ|ə|,_|ˈ|eɪ|ʃ|ə|audio=En-us-Asia.ogg}}) [[धरती]] के सभसे बड़हन आ सभसे ढेर जनसंख्या वाला [[महादीप]] हऽ, मुख्य रूप से उत्तरी आ पूरबी गोलार्धन में पड़े ला, यूरोप के साथे मिल के दुनो के यूरेशिया कहल जाला आ अफिरका के साथे मिला के बनल क्षेत्र एफ्रो-एशिया के नाँव से जानल जाला। एशिया के कुल क्षेत्र बिस्तार {{convert|44,579,000|km2|sqmi}} बा जे पृथ्वी के कुल जमीनी हिस्सा के लगभग 30% हिस्सा बा आ पूरा धरती के सतह के क्षेत्रफल के 8.7% बाटे। ई महादीप, बहुत पुराना समय से मानवीय जनसंख्या के निवास अस्थान रहल बा,<ref>{{cite web|title=The World at Six Billion|url=https://www.un.org/esa/population/publications/sixbillion/sixbillion.htm|publisher=UN Population Division|archiveurl=https://web.archive.org/web/20160305042434/http://www.un.org/esa/population/publications/sixbillion/sixbillion.htm |archivedate=5 मार्च 2016 |deadurl=no}}, [https://web.archive.org/web/20160101220025/http://www.un.org/esa/population/publications/sixbillion/sixbilpart1.pdf Table 2]</ref> आ दुनिया के कई गो सुरुआती सभ्यता सभ के जनमभूँइ हवे। ई महादीप खाली अपना बड़हन बिस्तार आ ढेर खा जनसंख्ये खातिर ना जानल जाला बलुक इहाँ कई गो बहुत घन बसल इलाका भी बाने आ कई गो बिसाल इलाका जहाँ बहुत बिरल जनसंख्या बसाव बाटे। एशिया के कुल जनसंख्या लगभग 4.4 बिलियन बाटे।
 
एकरा बिसाल साइज आ बिस्तार के अउरी इहाँ मौजूद बिबिधता के धियान में राखल जाय तब एशिया के संकल्पना (कांसेप्ट) — मने कि एगो नाँव जे पुराना जमाना से चलन में बा — वास्तव में [[मानव भूगोल]] के संकल्पना ढेर बुझाला, न कि [[भौतिक भूगोल]] के।<ref name=McG-H>{{cite web|title=Asia |url=http://accessscience.com/abstract.aspx?id=054800&referURL=http%3a%2f%2faccessscience.com%2fcontent.aspx%3fid%3d054800 |work=AccessScience |publisher=McGraw-Hill |accessdate=26 July 2011 |archivedate=27 November 2011 |archiveurl=https://web.archive.org/web/20111127141127/http://accessscience.com/abstract.aspx?id=054800&referURL=http%3A%2F%2Faccessscience.com%2Fcontent.aspx%3Fid%3D054800 |deadurl=yes |df= }}</ref> एशिया [[एशिया के क्षेत्र|अपना भूगोलीय क्षेत्र]] सभ के स्तर पर जातीय समूह, संस्कृति, पर्यावरण, अर्थब्यवस्था, इतिहासी संबंध आ शासन के सिस्टम सभ के मामिला में बहुते बिबिधता वाला महादीप ह। इहाँ के जलवायु में भी बहुते भारी बिबिधता बा, जहाँ एक ओर मध्य पूरब के इलाका बा जे गरमी में खूब गरम प्रदेश हो जाला तहाँ महादीपीय जलवायु के नमूना के रूप में साइबेरिया भी बा जहाँ जाड़ा में तापमान बहुते नीचे गिर जाला।
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/एशिया" से लिहल गइल