ऑर्सन वेल्स: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
→‎फिल्म निर्माण: सामग्री जोड़ल गइल
→‎फिल्म निर्माण: सामग्री जोड़ल गइल
लाइन 31:
==फिल्म निर्माण==
अमेरिका में रेडियो आ रंगमंच पर सफलता मिलला के बाद आरकेओ रेडियो क ओर से वेल्स के दूगो फिल्म बनावे के प्रस्ताव मिलल। वेल्स पटकथा लेखक हरमन जे मैनकेविच क साथे मिलके एगो कहानी पर काम शुरू क दिहलें। कहानी अमेरिका के मीडिया मुगल विलियम रैंडोल्फ हर्स्ट क जीवनी पर आधारित रहे। वेल्स एह फिल्म परियोजना खातिर हॉलीवुड के बेहतरीन तकनीशियनन के आपन टीम में जोड़लन जेवना में छायाकार ग्रेग टौलैंड भी शामिल रहलन। ए परियोजना में वेल्स कलाकारन के चयन में अपना मरकरी थिएटर के नवछींटिहा कलाकारन के तरजीह दिहलन। कहल जाला कि ए फिल्म के साथे साथ हॉलीवुड के कईगो कलाकार फिल्म जगत में पदार्पण कइलन।
 
ए फिल्म क शूटिंग दस सप्ताह में पूरा कइल गइल। बाकी ए फिल्म क निर्माण एतना आसान ना रहे। हर्स्ट के जब ए फिल्म के बारे में पता चलल त ऊ अपना अखबारन में ए फिल्म से संबन्धित कवनो परकार के विज्ञापन आ खबरों पर रोक लगा दिहलन आ फिल्म के निर्माता आरकेओ रेडियो पर फिल्म के प्रोजेक्ट के बंद करे खातिर दबाव बनावे लगलन। कहल त ईहो जाला कि ऊ निर्माता के फिल्म क कुल लागत से भी ज्यादा धन देबे क प्रस्ताव दिहलन, ई कहिके कि ए फिल्म क कुल्ही प्रिंट आ निगेटिव को नष्ट क दिहल जाउ।
 
==सम्मान==