संभोग: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
नया आधार लेख शुरू कइल गइल
 
+ फोटो
लाइन 1:
[[File:Paul Avril - Les Sonnetts Luxurieux (1892) de Pietro Aretino, 2.jpg|thumb|220px|alt=Sexual Intercourse|सेक्स के सभसे आम रूप, मिशनरी पोजीशन जेह में मर्द ऊपर रहे ला]]
'''सेक्स''' ({{lang-sa|<small>संभोग</small>}}) अपना [[मनुष्य में सेक्स संबंधी क्रिया|ब्यापक अरथ]] में नर आ मादा के बीच कामुक (सेक्सुसल) आनंद आ [[मजा]] खाती कइल जाए वाला सगरी काम के कहल जाला जेह में, चूमाचाटी, छुअल-सुहुरावल, कामुक तरीका से देखल, गोदी में भरल इत्यादि सगरी क्रिया सामिल कइल जाला जबकि, खास छोट अरथ में, ई मर्द द्वारा औरत के [[बुर]] में आपन [[लाँड़]] घुसा के धक्का देवे के क्रिया हवे जेकरा शारीरिक आ मानसिक मजा आ आनंद खाती, बच्चा पैदा करे खाती, या फिन दुनों मकसद से कइल जाला। एकरा के अंगरेजी में ''सेक्सुअल इंटरकोर्स'' भा संस्कृत में ''मैथुन'' कहल जाला। ऊपर बतावल आम तरीका के बुर संबंधी सेक्स कहल जाला; एकरे अलावा पाछे से [[गाँड़]] में लिंग घुसा के (गुदा मैथुन), मुँह में घुसा के (मुख मैथुन), अँगुरी से, या कौनों अन्य चीज (जइसे कि डिलडो घुसा के) से कइल सेक्स भी सामिल बा। एह क्रिया में शारीरिक जुड़ाव महसूस कइल जाला आ ई खाली शारीरिक सुख खाती, मानसिक संतुष्टी खाती कइल जा सके ला या फिर सेक्स से दू लोग में आपसी भावनात्मक लगाव भी बढ़ सके ला।
 
"https://bh.wikipedia.org/wiki/संभोग" से लिहल गइल