विकिपीडिया:लेख टाइटिल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
लिखे सुरू कइल गइल
बिस्तार
लाइन 6:
 
==भाषा==
ई विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण हवे जेकर भाषा [[भोजपुरी]] बा आ लिखाई (लिपि) [[देवनागरी]] आ अंक के इस्तेमाल इंटरनेशनल (1,2,3...), एही कारण लेख सभ के टाइटिल, जहाँ तक संभव होखे, भोजपुरी भाषा में आ देवनागरी लिखाई में होखे के चाहीं आ अंक इंटरनेशनल सिस्टम में लिखल जाए के चाहीं।
 
इहाँ धियान देवे वाली बात ई बा कि भोजपुरी भाषा में कइयन भाषा सभ से शब्द आइल बाड़ें आ एह में सामिल भ गइल बाड़ें; कुछ के एह प्रक्रिया में उच्चारणो बदल गइल बा आ उनहन के बकायदे भोजपुरीकरण हो गइल बा जबकि कुछ अपना मूल उच्चारण में भा लगभग मूल उच्चारण में सभ्य भोजपुरिया समाज में बोलल जालें। अइसन बाहरी भाषा सभ के शब्द सभ के भोजपुरिये के मानल जाए के चाहीं अगर उनहन के आम बोलचाल में भोजपुरिहा लोग इस्तमाल करत होखे, भले ओह शब्द के मूल उत्पत्ती कौनों अउरी भाषा के होखे।
 
[[श्रेणी:विकिपीडिया दिसानिर्देस]]