लोकसभा: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

साइज में कौनों बदलाव ना ,  3 years ago
Wrong number of seats reserved
(Wrong nuber of seats reserved for St's)
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
(Wrong number of seats reserved)
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
'''लोकसभा''' (जनता के चुनल प्रतिनिधि लोग के मंडली) [[भारतीय संसद]] के निचला सदन (अंगरेज लोग के ''हाउस ऑफ दि पीपल'' के समकक्क्ष) हवे, ऊपरी सदन [[राज्यसभा]] हवे। संसद के एह सदन के सदस्य लोग सीधे जनता द्वारा बालिग़ मताधिकार द्वारा चुनल जाला आ एकरे खाती देस के लोकसभा चुनाव क्षेत्र सभ में बाँटल गइल बा। लोकसभा सांसद लोग एक बेर चुनल जाए के बाद अधिकतम पाँच बरिस या फिर लोकसभा के भंग होखे तक अपना पद प रहे ला। लोकसभा भंग करे के काम [[भारत के राष्ट्रपति|राष्ट्रपति]] द्वारा मंत्रिमंडल के सलाह पर कइल जाले। लोक सभा के बैठक [[दिल्ली]] में मौजूद [[संसद भवन]] के लोकसभा कक्ष में होले।
 
भारत के संबिधान के मोताबिक लोकसभा के सदस्य लोग के अधिकतम संख्या 552 एलाट कइल गइल हवे। वर्तमान में एह में 545 सीट बा जेह में 543 सीट खातिर चुनाव होला आ 2 गो सदस्य लोग राष्ट्रपति द्वारा नामित कइल जा सके लें अगर एंग्लो-इंडियन लोग के पर्याप्त प्रतिनिधित्व न होखे। एह में से कुल 131 सीट (24.03%)अनुसूचित जाति (84) आ अनुसूचित जनजाति (4147) खाती आरक्षित बा। सदन के कोरम कुल सदस्य संख्या के 10% हवे, यानी बैठक में कामकाज होखे खाती कम से कम दस प्रतिशत सदस्य लोग के मौजूद होखल जरूरी होला। लोक सभा के कार्यकाल एकरे पहिली बैठक से, अगर भंग न होखे, अधिकतम पाँच साल ले होला हालाँकि, ई अवधि क़ानून बना के बढ़ावल जा सके ला अगर इमरजेंसी लागू होखे।
 
{{clear}}
नामालूम प्रयोगकर्ता