ग्लोब: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
फोटो जोड़ल गइल, +विकिकड़ी जोड़ल गइल
बिस्तार कइल गइल
लाइन 12:
 
कुछ ग्लोब सभ पर पृथिवी के ऊँचाई निचाई के प्रदर्शित कइल जाला। इनहन के सतह पर उभार आ गहिरा हिस्सा बना के देखावल जाला कि पृथ्वी पर कहाँ पहाड़ बाड़ें आ समुंदरी गहिरा हिस्सा कहाँ बाड़ें। एह दसा में ई ऊँचाई निचाई देख्लावे खातिर इस्तेमाल कइल रेलीफ़ बहुत बेसी बढ़ा-चढ़ा के देख्लावे के पड़े ला। उदाहरण खातिर एगो ग्लोब बनावे वाला कंपनी 96 सेमी. (25 इंच) के डायामीटर वाला ग्लोब बनावे ले (जे लगभग 200 सेमी के गोलाई वाला होला आ जेकर पैमाना 1:20 मिलियन होला); एह ग्लोब पर दुनियाँ से सभसे ऊँच परबत छोटी माउंट एवरेस्ट के 2.5 सेमी ऊँच (1 इंच) देखावे ले; वास्तव में देखल जाय तब ई ग्लोब के पैमाना के तुलना में 57 गुना बेसी बढ़ा के देखलावल जा रहल होखे ला (एकर वर्टीकल एक्जजरेशन x57 होखे ले)।
 
== गोलार्धन में बँटवारा ==
{{main|गोलार्ध}}
[[File:Map of the World.jpg|thumb|361x361px|पुराना समय के एगो नक्शा में पूरबी आ पच्छिमी गोलार्ध के बिभाजन।]]
'''पृथ्वी के गोलार्ध''' (hemispheres of Earth) [[पृथ्वी]] के [[ग्लोब]] के दू हिस्सा में बाँटला से बनेला;<ref>{{cite web |last1=Society |first1=National Geographic |title=hemisphere |url=https://www.nationalgeographic.org/encyclopedia/hemisphere/ |website=National Geographic Society |access-date=2 मार्च 2022 |language=en |date=22 मार्च 2011}}</ref><ref name="Britannica">{{cite web |title=hemisphere |url=https://kids.britannica.com/students/article/hemisphere/274837 |website=Britannica Kids |access-date=2 मार्च 2022}}</ref> शब्द के मतलब होला गोला के आधा हिस्सा। अंगरेजी भाषा के शब्द हेमिस्फियर मूल रूप से ग्रीक भाषा से आइल हवे आ एहू के मतलब होला कौनों गोला के आधा हिस्सा।
 
अक्षांस के आधार पर पृथ्वी के दू हिस्सा में बाँटल जाला तब बिसुवत रेखा भा भूमध्य रेखा एकरे बीचोबीच पड़े ले:
* [[उत्तरी गोलार्ध]] अइसन सगरी इलाका हऽ जे भूमध्य रेखा के उत्तर में पड़े ला। एकरे सेंटर में उत्तरी ध्रुव होखे ला।
* [[दक्खिनी गोलार्ध]] अइसन सगरी इलाका हऽ जे भूमध्य रेखा के दक्खिन में पड़े ला। एकरे सेंटर में दक्खिनी ध्रुव होखे ला।
 
देशांतर के आधार पर पृथिवी के दू हिस्सा में बाँटे पर प्रधान मध्याह्न रेखा (प्राइम मेरिडियन) आ अंतरराष्ट्रीय तिथि रेखा (इंटरनेशनल डेट लाइन) बीचोबीच पड़े लीं:
* [[पूरबी गोलार्ध]] प्राइम मेरिडियन 0° देशांतर के पूरुब में आ 180° देशांतर के पच्छिम में पड़े ला।
* [[पच्छिमी गोलार्ध]] प्राइम मेरिडियन 0° देशांतर के पच्छिम में आ 180° देशांतर के पूरुब में पड़े ला।
 
पृथ्वी के समुंद्री आ जमीनी भा महादीपीय हिस्सा के आधार पर दू हिस्सा में बाँटल जाला:<ref>{{Cite journal | doi=10.1080/00221344508986498|title = This Hemisphere| journal=Journal of Geography| volume=44| issue=9| pages=345–355|year = 1945|last1 = Boggs|first1 = S. W.}}</ref>
 
* [[जमीनी गोलार्ध]] (स्थलीय गोलार्द्ध) अइसन आधा हिस्सा जेह में महादीप सभ के जमीनी एरिया बेसी बाटे।
* [[पनिहा गोलार्ध]] (जलीय गोलार्द्ध) अइसन आधा हिस्सा जेह में महासागर, मने की पानी के हिस्सा बेसी बाटे।
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/ग्लोब" से लिहल गइल