विश्वनाथ मंदिर

बनारस के बीएचयू में शिव मंदिर

श्री विश्वनाथ मंदिर बनारस में एगो हिंदू मंदिर बा। मंदिर हिंदू देवता शिव के समर्पित हवे आ बनारस हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के कैंपस के बीचोबीच बनल बा। मंदिर के निर्माण बी आर बिड़ला द्वारा करावल गइल रहे, एही कारण एकरा के बिड़ला मंदिर भी कहल जाला। पुराना समय से बनारस के मुख्य देवता विश्वेश्वर शिव के मुख्य आ पुरान मंदिर काशी विश्वनाथ मंदिर से अलग करे खाती एकरा के नया विश्वनाथ मंदिर (मतलब: नवका विश्वनाथ मंदिर) भी कहल जाला।[1] बीएचयू में एकरा के छोट रूप में वीटी भी कहल जाला[2] जे विश्वनाथ टेंपल के शार्ट फार्म हवे। विश्वनाथ मंदिर दुनिया क सभसे ऊँच मंदिर हवे, जेकर चोटी क ऊँचाई लगभग 250 फीट ऊँच बाटे।[3][4][5][6][7][8]

श्री विश्वनाथ मंदिर
श्री विश्वनाथ मंदिर, बीएचयू
श्री विश्वनाथ मंदिर, बीएचयू
विश्वनाथ मंदिर is located in Varanasi district
विश्वनाथ मंदिर
Varanasi district में लोकेशन
भूगोल
भूगोलीय स्थिति25°15′58″N 82°59′16″E / 25.266034°N 82.987847°E / 25.266034; 82.987847निर्देशांक: 25°15′58″N 82°59′16″E / 25.266034°N 82.987847°E / 25.266034; 82.987847
देश भारत
Stateउत्तर प्रदेश
जिलाबनारस
लोकेशनबनारस हिंदू विश्वविद्यालय, बनारस
ऊँचाई86.493 मी (284 फीट)
इतिहास आ प्रशासन
रचनाकारबिड़ला खानदान

इतिहास संपादन करीं

1930 में पंडित मदन मोहन मालवीय के सहयोग से बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के परिसर में श्री काशी विश्वनाथ मंदिर के नकल करे के योजना बनावल गइल।[9] बिड़ला परिवार एकर निर्माण के जिम्मा लिहलस आ मार्च 1931 में एकर नींव रखल गइल। अंत में ई मंदिर (श्री विश्वनाथ मंदिर) 1966 में पूरा भइल। मालवीय जी मंदिर क शिलान्यास कवनों महान तपस्वी से करावल चाहत रहें। फिर 11 मार्च 1931 के एह मंदिर के शिलान्यास स्वामी कृष्णम द्वारा कइल गइल। एकरा बाद मंदिर के निर्माण के काम शुरू हो गइल। दुर्भाग्य से मालवीय जी के जीवनकाल में मंदिर के निर्माण पूरा ना हो पावल।[10] मालवीय जी के निधन से पहिले उद्योगपति जुगलकिशोर बिड़ला बीएचयू परिसर के भीतर भव्य मंदिर बने के पूरा खर्च उठवने। साल 1954 तक मंदिर के निर्माण के काम चोटी के छोड़ के पूरा हो गइल। 17 फरवरी 1958 के महाशिवरात्रि के दिन मंदिर के गर्भगृह में नर्मदेश्वर ज्योतिर्लिंग के अभिषेक भइल आऊर एही मंदिर में भगवान विश्वनाथ के स्थापना भइल। मंदिर के शिखर के काम साल 1966 में पूरा हो गइल।[11]

बनावट संपादन करीं

विश्वनाथ मंदिर बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के मेन गेट से परिसर के भीतर अइले पर 1.7 किलोमीटर के दूरी पर स्थित बा। एकरे बगल में केंद्रीय पुस्तकालय भी मौजूद बा। बीएचयू क नक्सा देखले पर परिसर के ठीक बीचोबीच ई मंदिर बाटे जवन 2,10,000 वर्ग मीटर क्षेत्रफल में स्‍थि‍त बा।[12] काशी हि‍न्‍दू वि‍श्‍ववि‍द्यालय परि‍सर के ठीक बीचो-बीच स्‍थि‍त ई मंदिर में अंदर गइले पर सबसे पहिले मालवीय जी के मूर्ति बनल बाटे। ए मंदिर में शंकर जी के ज्योतिर्लिंग के अलावा आऊर भी देवी देवता के जइसे- दुर्गा माई, गणेश, लक्ष्मी विष्णु, पंचमुखी महादेव, राम सीता आ लक्ष्मन हनुमानजी, सरस्वती माता, नटराज, नंदी आदि क प्रतिमा मौजूद बा। मंदिर के सबसे ऊपर सफेद संगमरमर लगावल गईल बा। ओकरा ऊपर सोना के कलश लगावल गईल बाटे। एह सोना के घड़ा के ऊंचाई 10 फीट बा, जबकि मंदिर के चोटी के ऊंचाई 250 फीट बा।[13]

मेला आ त्योहार संपादन करीं

सोमवार, तीज आ शिवरात में इहाँ खूब भीड़ होला। सब जन दरसन के खातिर भोरे से ही लाइन में लग जाने। एकरे अलावा सावन के महीना में पूरे महीना भर मेला लगल रहेला। काँवरिया इहँवो जल चढ़ावे आवे न। एकरे अलावा मंदिर के परिसर में शादियो-बियाह क रसम होला आऊर नवका बियहल जोड़ा अपने सुखी जीवन खातिर दरसन के खातिर जरूर आवे न।

चित्र संपादन करीं

एहू के देखल जाय संपादन करीं


संदर्भ संपादन करीं

  1. "नया विश्वनाथ मंदिर या बिड़ला मंदिर". द डिवाइन इंडिया (हिंदी में). Retrieved 5 अक्टूबर 2023.
  2. "'बीएचयू वीटी' में है जायके का पूरा खजाना, खूब भाती है कुल्हड़ वाली कॉफी". अमर उजाला (हिंदी में). 13 दिसंबर 2017. Retrieved 5 अक्टूबर 2023.
  3. "Brief description". बनारस हिंदू विश्वविद्यालय website. Archived from the original on 26 मई 2018. Retrieved 7 मार्च 2015.
  4. "The temples". बनारस हिंदू विश्वविद्यालय website. Archived from the original on 23 सितंबर 2015. Retrieved 7 मार्च 2015.
  5. "विश्वनाथ मंदिर". Wikinapia. Archived from the original on 2 अप्रैल 2015. Retrieved 7 मार्च 2015.
  6. "New Vishwanath Temple". वाराणसी city website. Archived from the original on 14 मार्च 2015. Retrieved 7 मार्च 2015.
  7. "बिड़ला मंदिर". varanasi.org.in. Archived from the original on 15 मार्च 2015. Retrieved 7 मार्च 2015.
  8. "History". Eastern U.P. Tourism website. Archived from the original on 2 अप्रैल 2015. Retrieved 7 मार्च 2015.
  9. Karkar, S.C. (2009). The Top Ten Temple Towns of India. Kolkota: Mark Age Publication. p. 12. ISBN 978-81-87952-12-1.
  10. "BHU वि‍श्‍वनाथ मंदि‍र". live VNS. Retrieved 5 अक्टूबर 2023.
  11. "BHU वि‍श्‍वनाथ मंदि‍र". live VNS. Retrieved 5 अक्टूबर 2023.
  12. "BHU वि‍श्‍वनाथ मंदि‍र". live VNS. Retrieved 5 अक्टूबर 2023.
  13. "BHU वि‍श्‍वनाथ मंदि‍र". live VNS. Retrieved 5 अक्टूबर 2023.