वेब ब्राउजर
वेब ब्राउजर (अंग्रेजी: Web browser) चाहे खाली ब्राउजर अइसन सॉफ्टवेयर एप्लीकेशन हऽ जेकरे दुआरा वल्ड वाइड वेब पर मौजूद जानकारी ले पहुँचल जा सके ला। आसान भाषा में अइसन साफ्टवेयर जेकरे मदद से हमनी के वेबसाइट देखीं ला। कुछ प्रमुख ब्राउजर सभ में गूगल क्रोम, मोजिला फायरफॉक्स, ऑपेरा मिनी, इंटरनेट एक्स्प्लोरर (अब माइक्रोसॉफ्ट एज) वगैरह के नाँव गिनावल जा सके ला। ई आजके ज़माना में इंटरनेट ले पहुँचे के सभसे सुगम सॉफ्टवेयर बाने।