व्यंजन (वर्ण)

स्पीच साउंड के प्रकार जेह में वोकल ट्रैक्ट बंद होला, पूरा चाहे कुछ मात्रा में

परंपरागत व्याकरण में व्यंजन (अंग्रेजी: consonant; कान्सोनैन्ट) अइसन वर्ण सभ के रूप में परिभाषित कइल जाला जिनहन के उच्चारण बिना स्वर वर्ण के मदद के ना हो सके। आधुनिक भाषाबिज्ञान में एकरा अइसन ध्वनी (आवाज; स्पीच साउंड) के इकाई के रूप परिभाषित कइल जाला जेकरा उच्चारण खातिर वोकल ट्रैक्ट के पूरा तरीका से चाहे एकर कुछ हिस्सा के बंद करे के पड़े; जबकि स्वर सभ के उच्चारण में वोकल ट्रैक्ट खुलल रहे ला। उदाहरन खातिर प, फ, ब, भ, म के बोले खातिर ओठ सटावे के परे ला; त, थ, वगैरह के बोले में जीभ दांत प टिकावे के पड़े ला।