शंकर विमान मंडपम् इलाहाबाद में संगम के पास एक ठो हिंदू मंदिर बाटे। 130 फीट ऊँच आ द्रविड़ शैली में बनल ई मंदिर के निर्माण कांची कामकोटि पीठ के शंकराचार्य चन्द्रशेखरेन्द्र सरस्वती के पहल पर बनावल गइल आ सन् 1986 में शंकराचार्य जयेंद्र सरस्वती एकर उद्घाटन कइलें। 16 गो बिसाल खम्हा पर बनल तीन मंजिल के इमारत वाला एह मंदिर में देवी कामाक्षी, भगवान बालाजी, कुमारिल भट्ट, जगतगुरु शंकराचार्य के मूर्ती के अलावा 108 शिवलिंग स्थापित बाटें। मंदिर के निर्माण में 16 बरिस के समय लागल रहल।[1][2][3][4]

Shankar Viman Mandapam
बेसिक जानकारी
लोकेशनAllahabad
देवताShiva
राज्यUttar Pradesh
देसIndia
ऊँचाई39.6 मी (130 फीट)

संदर्भ संपादन

  1. "Shankar Viman Mandapam - Allahabad in Hindi | शंकर विमान मंडपम - इलाहाबाद - Native Planet Hindi". Hindi.nativeplanet.com. 1970-01-01. Retrieved 2016-07-30.
  2. "उत्तर प्रदेश पर्यटन विभाग की आधिकारिक वेबसाइट में पर शंकर विमान मंडपम". Uptourism.gov.in. 2015-08-19. Retrieved 2016-07-30.
  3. "Kumbh 2006". Ardhkumbh.up.nic.in. Retrieved 2016-07-30.
  4. "Official Website of Kumbh Mela 2013 Allahabad Uttar Pradesh India". Kumbhmelaallahabad.gov.in. Retrieved 2016-07-30.