शिवदासपुर
शिवदासपुर भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में बनारस के लगे एक ठो उपशहरी इलाका बाटे। मूल रूप से ई गाँव हवे जबकि जनगणना बिभाग एकरा के सेंसस टाउन के दर्जा दे के कस्बा माने ला। ई बनारस के रेड लाइट एरिया, मने रंडिन आ तवायफ लोग के मोहल्ला, के रूप में बसल हवे आ डीएलडब्लू मंडुआडीह के लगे बा। 1970 के पहिले बनारस के दालमंडी मोहल्ला में तवायफ आ रंडी लोग के मोहल्ला रहल। सत्तर के दशक में एह तवायफ आ रंडी (सेक्स वर्कर) लोग से मोहल्ला खाली करावल गइल, ई लोग बाहर जा के शिवदासपुर में बस गइल, तबसे ई जगह चर्चा में कई बेर रहल बा।[1]
शिवदासपुर | |
---|---|
कस्बा | |
Coordinates: 25°17′22″N 82°57′57″E / 25.28947°N 82.9658°Eनिर्देशांक: 25°17′22″N 82°57′57″E / 25.28947°N 82.9658°E | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
जिला | बनारस |
Population (2001) | |
• Total | 11,432 |
भाषा | |
• ऑफिशियल | हिंदी |
• लोकल | भोजपुरी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
Website | up |
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ "वाराणसी के रेड लाइट एरिया को लेकर जंग छिड़ी, धरना दे रहे लोगों का नगरवधुओं ने किया विरोध - Navbharat Times". Navbharat Times. 10 फरवरी 2018. Retrieved 13 जून 2018.
ई लेख उत्तर प्रदेश के कौनों जगह से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |