शिवसेना भारत के एगो क्षेत्रीय राजनीतिक दल बा[1] जे मुख्य रूप से महाराष्ट्र राज्य में सक्रिय बा। एकर स्थापना 19 जून 1966 के एगो प्रमुख राजनीतिक कार्टूनकार बालासाहेब ठाकरे कइले रहलें। वर्तमान में एह पार्टी के लोकसभा में 18 गो, राज्यसभा में 3 गो आ महाराष्ट्र विधान सभा में 56 गो निर्वाचित सदस्य बाड़ें। एह टीम के लोगो बाघ बा। शिवसेना पूरा देश में एगो कट्टर हिन्दू राष्ट्रवादी पार्टी के रूप में जानल जाला। फिलहाल शिवसेना के नेतृत्व बालासाहेब ठाकरे के बेटा उद्धव ठाकरे करतारे अउरी उ महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री के रूप में काम कइले बाड़े, फिलहाल एकनाथ शिंदे शिवसेना के असली अध्यक्ष बाड़े, 2/3 विधायक उनुका के नेता चुनले बाड़े .