श्री शेर शाह सूरी के मकबरा सासाराम, बिहार में स्थापित बा। ई मकबरा के निर्माण श्री शेर शाह सूरी के चिरस्मरण ला बनावल गइल बा,जे बिहार के एगो पठान रहले। उ उत्तर भारत मे मुगल साम्राज्य के पराजित कर के सूरी साम्राज्य के स्थापना कइले रहले। उनकर मृत्यु रबी अल-अउआल के दसवा दिन ९५२ चाहे १३ मई १५४५ के कालिंजर के किला मे एगो बारुध विस्फोट मे भइल रहे।

शेर शाह सूरी मकबरा
सासाराम मे शेर शाह सूरी के मकबर
General information
Architectural styleईन्डो-ईस्लामिक शैल
Locationबिहार, सासाराम
Completed16 अगस्त 1545
Height122 फुट

स्थापत्य शैली संपादन करीं

मकबरा ईन्डो-इस्लामीक शैली मे निर्मित बा। एकर संरचना मीर मोहम्मद अलीवाल खान कइले बारे। एकर निर्माण काल १५४० से १५४५ के बीच भइल रहे। एकर निर्माण एगो चौकोर मानव निर्मित पोखरा के मध्य मे बलुआ पत्थर से भइल बा। ई १२२ फुट ऊँच बा। एह के भारत के दुसीरका ताजमहल के रुप में चिन्हल जाला। मकबरा पोखरा के बीच एगो विशाल पीठिका पर बनावल बा। पीठिका के चारो कोण पर खूब सुन्नर गुम्बददार किओस्क खाड़ा बा। पीठिका के कोर के गोड़वरिया( सीढी़) के ढाचा देवल बा।, जे विशाल पत्थर द्वारा भूञा से जुरल बा। मुख्य मकबरा अष्टकोण परियोजना पर बनावल बा, जेकर टोच पर २२ मिटर विस्तार वाला भव्य गुम्बज स्थापित बा। मकहरा तीन ताला बा। एकरा अगल-बगल सुशोभित गुम्बजवाला किओस्क बा, जे एक समये रङीन टाईल्स वर्क(लादिकाज) से शोभत रहे।

ई मकबरा के शेर शाह के जीनगी मे आ उनकर पुत ईस्लाम शाह के शासन काल में बनावल गइल। अन्तिम शिलालेख सूरी के मूअला के तिन महिना बाद पूर्ण भइल रहे।

चित्र संपादन करीं

वर्तमान संपादन करीं

प्राचीनतम संपादन करीं

तक्ती, माहिती संपादन करीं