संजुक्त परिवार (हिंदी: संयुक्त परिवार) के माने हवे, अइसन परिवार जेह में एकही साथे तीन भा तीन से ढेर पीढ़ी के लोग एक साथ रह रहल होखे।[1] एकरा के ज्वाइंट फेमिली भा एक्सटेंडेड फेमिली भी कहल जाला। ई एकल परिवार से बड़हन होला आ परिवार में सदस्य लोग के संख्या भी ज्यादा होले। एकरे गुण के रूप में गिनावल जाला की संजुक्त परिवार में पले वाला लड़िका सभ संकुचित माहौल में ना रहे लें आ आपसी एकता के भावना मजबूत होले।[2]

अइसन परिवार भारतीय उपमहादीप (भारत, पाकिस्तान, नेपाल वगैरह) के ख़ास बिसेसता हवे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Kumar; Dharmendra. Samaj Shastra. McGraw-Hill Education (India) Pvt Limited. pp. 85–. ISBN 978-0-07-107492-6.
  2. Ashok Kumar Sharma. Prarambhik Samaj Evam Rajneeti Darshan. Motilal Banarsidass Publishe. pp. 79–. ISBN 978-81-208-3177-3.