सत्यनारायण कथा

हिंदू धार्मिक अनुष्ठान जेह में विष्णु के नारायण रूप में पूजा आ कथा होखे ले

सत्यनारायण कथा, सत्यनारायण पूजा चाहे भोजपुरी में सतनरायन बाबा के कथा, एगो हिंदू धार्मिक पूजा भा अनुष्ठान ह जेह में देवता विष्णु के सत्य नारायण रूप में पूजा कइल जाला आ जुड़ल कथा सुनल जाला।

सत्यनारायण पूजा के बंगाली धार्मिक प्रिंट लगभग 1940 में, भक्त आ पुजारी लोग के देखावल गइल बा।

एह पूजा के बिबरन स्कंद पुराण,[1] में बाटे जे मध्यकालीन युग के संस्कृत ग्रंथ हवे, आ मुख्य पुराणन में गिनल जाला।[2][3]

पूजा आ कथा संपादन करीं

कथा के एह अनुष्ठान में दू गो हिस्सा होखे लें। मंत्र सभ के साथे बिबिध चीजन से भगवान विष्णु के सत्य नारायण रूप के पूजा कइल जाला। कहीं-कहीं शालिग्राम (ठाकुर जी) के पूजा होखे ला। एकरा बाद सत्यनारायण कथा (कहानी) के सुनल जाला जेह में पूजा करे वाला लोग खातिर होखे वाला बिबिध सांसारिक आ आध्यात्मिक लाभ के बिबरन बतावल गइल होला। कथा में बतावल गइल बाटे कि कइसे देवता नारायण कलियुग, जवन हिंदू ब्रह्मांड विज्ञान में चार गो युग में से आखिरी युग हवे, के दौरान अपना भक्तन के सहायता करे के प्रण करेलें; खासतौर पर सत्यनारायण पूजा के करे वाला कथा सुने वाला लोगन के। कथा में बतावल गइल बा कि पूजा के निष्पादन अपने आप में भगवान से एगो वादा ह, आ ओह लोगन के दुर्दशा के बखान कइल गइल बा जे या त पूजा पूरा करे में असफल हो जालें या आपन वादा भुला जालें।[1]

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 Yadlapati, Madhuri M. (2013). Against Dogmatism: Dwelling in Faith and Doubt. University of Illinois Press. pp. 30–32.
  2. Richard D. Mann (2011). The Rise of Mahāsena. BRILL. p. 187. ISBN 9789004218864.
  3. Hans Bakker, ed. (2004). "Three Chapters of Saiva Material Added to the Earliest Known Recension of the Skanda Purana". Origin and Growth of the Purāṇic Text Corpus. Motilal Banarsidass. pp. 1–3. ISBN 9788120820494.