सत्यपाल मलिक
भारतीय राजनीतिक नेता
सत्यपाल मलिक एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ें। मलिक लोकसभा आ राज्यसभा के सांसद रह चुकल बाड़ें आ बिहार, जम्मूकाश्मीर, गोवा आ मेघालय के राज्यपाल रह चुकल बाड़ें।
सत्यपाल मलिक | |
---|---|
बिहार के 35वाँ राज्यपाल | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 04 अक्टूबर 2017 | |
इनसे पहिले | केशरीनाथ त्रिपाठी |
सांसद, लोकसभा | |
कार्यकाल 1989-1991 | |
इनसे पहिले | उषा रानी तोमर |
इनके बाद | शीला गौतम |
सीट | अलीगढ़ |
सांसद, राज्यसभा | |
कार्यकाल 1980-1989 | |
सीट | उत्तर प्रदेश |
निजी जानकारी | |
जनम | मेरठ (अब बागपत जिला), उत्तर प्रदेश[1] | 24 जुलाई 1946
राजनीतिक पार्टी | भारतीय जनता पार्टी |
जीवन
संपादन करींसत्यपाल मलिक के जनम उत्तर प्रदेश के मेरठ जिला के एगो गाँव में (अब बागपत जिला) एक ठो मध्यमबर्ग के परिवार में भइल। मेरठ कालेज से इनके पढ़ाई भइल। मलिक राजनीति में आवे से पहिले बीए एलएलबी के पढ़ाई कइलेन।
कैरियर
संपादन करींमलिक एकरे पहिले लोकसभा आ राज्य सभा दुनों में सांसद रह चुकल बाने। नउवीं लोकसभा में ई अलीगढ सीट से जीत के चहुँपल रहलें आ 1989 से 1991 तक ले सांसद रहलें। एकरे पहिले इनके उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के सांसद के रूप में चुनल गइल रहे आ एह पद पर 1980 से 1989 तक ले रहलें।
बिहार के राज्यपाल नियुक्त होखे से ठीक पहिले सत्यपाल मलिक, भाजपा के उपाध्यक्ष (वाइस-प्रेसिडेंट) रहलें।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "9th Lok Sabha Members Bioprofile". लोक सभा. Retrieved 30 सितंबर 2017.
ई लेख भारत की केहू नेता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |