समलैंगिकता
समलैंगिकता समान लिंगिआ लोगिन के बीच रोमांटिक भा लैंगिक आकर्षण भा प्रेम संबंध हवे। अइसन लोग जे समलैंगिक संबंध में होखे ओह लोगिन के समलैंगिक कहल जाला। अलग अलग बतावे के होखे तब पुरुष समलैंगिक लोगिन के "गे" (gay) आ मेहरि समलैंगिक लोगिन के "लेस्बियन" (lesbian) कहल जाला।
समलैंगिकता के छोड़के आन दू तरह के लैंगिक झुकाव पावल जालें जिनहन के बाईसेक्सुअल आ हेट्रोसेक्सुअल कहल जाला। समलैंगिक लोग अइसन संबंध खातिर मान्यता के डिमांड करत रहल बा आ कय देस सब में अइसन संबंध के कानूनी मान्यताहुँ बा; बकिर अभिनहुँ ढेर मनि देस में अइसन संबंध बनावल बैध ना हवे आ एकरे खातिर सजाहुँ भ सकेला।
समलैंगिक लोगिन के संगठन एलजीबीटी संगठन के नाँव से जानल जालें।
संदर्भ
संपादन करींई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |