सलमान रुश्दी

ब्रिटिश भारतीय लेखक

सर अहमद सलमान रुश्दी (जनम 19 जून 1947) भारतीय मूल के ब्रिटिश लेखक बाड़ें। इनके दूसरा उपन्यास मिडनाईट चिल्ड्रेन (1981) के 1981 में बुकर पुरस्कार मिलल आ एह पुरस्कार के बिजेता उपन्यासन में सभसे बेहतरीन होखे के उपलब्धी भी गिनावल गइल। इनके लिखल जादातर उपन्यास भारतीय उपमहादीप के परिवेश में कहानी वाला होखे लें। इनका उपन्यासन में जादुई यथार्थवाद आ इतिहासी गल्प के मिलजुल रूप होला। पच्छिमी आ पूरबी संभ्यता के बीचा में कनेक्शन, डिजरप्शन वगैरह इनके कथा के बिसय होला।

Salman Rushdie
2016 में रुश्दी
2016 में रुश्दी
जनमAhmed Salman Rushdie
(1947-06-19) 19 जून 1947 (उमिर 76)
Bombay, British India
पेशाWriter
नागरिकता
  • United Kingdom
  • United States[1]
महतारी संस्थाKing's College, Cambridge
बिधा
बिसय
जीवनसाथी
  • Clarissa Luard
    (बि. 1976; तला. 1987)
  • Marianne Wiggins
    (बि. 1988; तला. 1993)
  • Elizabeth West
    (बि. 1997; तला. 2004)
  • Padma Lakshmi
    (बि. 2004; तला. 2007)

इनके चउथा उपन्यास सैटनिक वर्सेस (1988) बहुत बिबाद में आइल आ एकरा बिरोध में कई देसन के मुसलमान लोग प्रदर्शन कइल। मौत के धमकी दिहल गइल आ ईरान के सुप्रीम नेता अयातुल्लाह रूहएल्लाह खोमैनी द्वारा इनके मौत के फ़तवा जारी कइल गइल। ब्रिटिश सरकार इनका के सुरक्षा में रखलस।

साल 2000 के बाद से ई यूनाइटेड स्टेट्स में रह रहल बाड़ें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Tuttle, Kate (14 September 2017). "Salman Rushdie on the opulent realism of his new novel, 'The Golden House'". Los Angeles Times. Retrieved 19 September 2017.
  2. Shalimar the Clown by Salman Rushdie. The Independent. Retrieved 2 December 2010. Salman Rushdie the Kashmiri writes from the heart as he describes this dark incandescence.
  3. Cristina Emanuela Dascalu (2007) Imaginary homelands of writers in exile: Salman Rushdie, Bharati Mukherjee, and V.S. Naipaul p.131