सलाद भोजन के एगो आइटम हवे जेह में मुख्य रूप से कच्चा सब्जी, फल, पत्ता वगैरह चीज के प्लेट में सजा के परोसल जाला। आमतौर पर ई सामान्य तापमान पर या ठंढा क के परोसल जाला हालाँकि, अपवाद के रूप में जर्मन आलू सलाद बाटे जेकरा के गर्म परोसल जाला। सलाद में मुख्य आइटम, छोट छोट टुकड़ा में काटल कच्चा खाइल जा सके वाली सब्जी, फल वगैरह या फिर अइसने चीज होलें जिन्हन के पकावे न परे बलुक खाए खाती हमेशा तइयार होखें।

सलाद
सलाद के सजल प्लेट

एकरे नाम के उत्पत्ति लैटिन भाषा से सैलेट से बतावल जाला जेकर मतलब नमकीन स्वाद वाला (साल्ट माने नून) खाना होला।

सलाद के भोजन में कबो परोसल जा सके ला हालाँकि, इनहन में अंतर होला:

  • एपेटाईजर सलाद - खाना के सुरुआत में परोसल जालें जे हल्का आ भूख बढ़ावे वाला होलें।
  • साइड सलाद - मुख्य भोजन के साथे साइड डिश (उपपान) के रूप में।
  • मेन कोर्स सलाद - हाई प्रोटीन वाला सलाद जेह खाना के मुख्य हिस्सा होखे लें।
  • डेजर्ट सलाद - खाना के बाद परोसल जाए वाला सलाद जेह में फल, मीठा आ जिलेटिन, क्रीम आदि के प्रधानता होखे।

संदर्भ संपादन करीं