सामाजिक तबका
सामाजिक तबका चाहे सामाजिक वर्ग (अंग्रेजी: social class; सोशल क्लास) समाजशास्त्र आ राजनीतिशास्त्र नियर बिसय सभ में, तबका में बँटल समाज (क्लास सोसाइटी) के कई तर-ऊपर के स्तर में बँटल होखे के मॉडल पर केंद्रित कांसेप्ट हवे। समाज के अइसन तर-उपरिया बिभाजन लोगन के धन-दउलत, पढ़ाई-लिखाई, पेशा अउरी कामकाज, रहन-सहन आ सामाजिक दर्जा नियर चीजन के आधार पर मानल जात रहल बा।
साधारण तौर पर समाज में ऊपरी, बिचला आ नीचे के तबका में बँटवारा कइल जाला। परसिद्ध दार्शनिक कार्ल मार्क्स के कहनाम रहे कि समाज में दूई गो तबका होखे लें - पूँजीपति आ सर्वहारा। हालाँकि, हाल के अध्ययन सभ में अउरी कई गो सामाजिक-सांस्कृतिक पैमाना सभ के शामिल कइल गइल बा। जइसे कि एगो उदाहरण खातिर, ब्रिटेन में सामाजिक तबका सभ के चिन्हित करे खातिर बीबीसी एगो सर्वे कइलस जेकरा ग्रेट ब्रिटिश क्लास सर्वे नाँव दिहल गइल रहे आ एह में ई पावल गइल की ब्रिटेन के समाज अब कुल सात गो तबका सभ में बिभाजित हो चुकल बाटे।[1]
इहो देखल जाय
संपादन करीं- सामाजिक दर्जा (इस्टेटस)
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "क्या गलत साबित हो गए कार्ल मार्क्स?". BBC News हिंदी (हिंदी में). 3 अप्रैल 2013. Retrieved 8 जनवरी 2022.
ई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |