साहित्य अकादमी पुरस्कार भारत के एगो साहित्यिक सम्मान हवे जे साहित्य अकादमी द्वारा हर साल भारत में मान्यता पावे वाली हर प्रमुख भाषा में प्रकाशित सर्वश्रेष्ठ साहित्यिक रचना के दिहल जाला। भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल २२ गो भारतीय भाषा सभ के अलावा ई राजस्थानी आ अंग्रेजी भाषा सभ; माने कि कुल २४ गो भाषा के इंतजाम कइल गइल बा। पहिला बेर ई पुरस्कार साल १९५५ में दिहल गइल।

पुरस्कार के स्थापना के समय इनाम के धन पांच हजार रुपया रहे, जवन साल १९८३ में दस हजार रुपया तक बढ़ा दिहल गइल अउरी साल १९८८ में एकरा के बढ़ा के पच्चीस हजार रुपया क दिहल गइल। साल २००१ से एह रकम के बढ़ा के चालीस हजार रुपिया कर दिहल गइल। साल २००३ से ई रकम बढ़ा के पचास हजार रुपिया हो गइल बा। [1]

  1. "साहित्य अकादमी पुरस्कार के बारे में". Jagaran Josh. {{cite web}}: Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)[मुर्दा कड़ी]