सिंध
पाकिस्तान के प्रांत
सिंध पाकिस्तान के एगो प्रांत बाटे। ई पाकिस्तान के दक्खिन-पूरबी इलाका में पड़े ला आ एरिया के हिसाब से पाकिस्तान के तिसरा आ आबादी के हिसाब से पंजाब के बाद दुसरा सभसे बड़ प्रांत हवे। एकर सीमा पच्छिम में बलूचिस्तान प्रांत, उत्तर में पंजाब प्रांत आ पूरुब में भारत देस के राजस्थान आ गुजरात से सटल बा। एकरे दक्खिन में गुजरात राज्य आ सुदूर दक्खिन पच्छिम में अरब सागर बा। भूगोल के हिसाब से ई लगभग पूरा तरीका से मैदानी इलाका हवे आ सिंधु नदी के ले आइल गाद-माटी जमा होखे से बनल हवे, हालाँकि एकरे पूरबी हिस्सा में थार के रेगिस्तान आ एकरे एकदम से पच्छिमी हिस्सा में किरथर के पहाड़ी इलाका भी पड़े लें।
सिंध | |||
---|---|---|---|
प्रांत | |||
| |||
पुकार नाँव: मेहरान (दरवाजा), बाब-अल-इस्लाम (इसलाम के दरवाजा) | |||
![]() पाकिस्तान में लोकेशन | |||
देस |
![]() | ||
राजधानी | कराची | ||
रकबा | |||
• कुल | 140,914 किमी2 (54,407 बर्गमील) | ||
रकबा रैंक | 3सरा | ||
जनसंख्या (2017)[1] | |||
• कुल | 47,886,051 | ||
• रैंक | 2सरा | ||
• जनघनत्व | 340/किमी2 (880/बर्गमील) | ||
निवासी नाँव | सिंधी | ||
भाषा | |||
• प्रांतीय | सिंधी | ||
• ऑफिशियल | अंगरेजी | ||
• राष्ट्रीय | उर्दू | ||
नेशनल असेंबली में सीट | 75 | ||
जिला | 29 | ||
तहसील | 119 | ||
युनियन कौंसिल | 1108[2] | ||
वेबसाइट | sindh.gov.pk |
संदर्भसंपादन
- ↑ "DISTRICT WISE CENSUS RESULTS CENSUS 2017" (PDF). www.pbscensus.gov.pk. ओरिजनल (PDF) से 2017-08-29 के पुरालेखित. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद) - ↑ "Government of Sindh".
ई पाकिस्तान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |