सिजिगी (अंग्रेजी: Syzygy) कौनों गुरुत्वीय सिस्टम में तीन गो आकाशीय पिंड सभ के एक सीध में आ जाए के स्थिति के कहल जाला।[1] एकर सभसे आम उदाहरण चंद्रमा के पृथ्वी के चक्कर लगावत समय सुरुज चंद्रमा आ पृथ्वी तीनों के एक लाइन में आ जाए के बा। हर अमौसापुर्नवासी के सिजिगी के स्थिति होला।

भारतीय पद्धति में एकरा के युतिवियुति के नाँव से जानल जाला। जब संदर्भ पिंड आ चक्कर लगावे वाला पिंड एकही ओर होलें तब एकरा के युति कहल जाला आ एकरे बिपरीत जब संदर्भ पिंड आ चक्कर लगावे वाला पिंड दुनों बिपरीत दिसा में होलें तब वियुति के दशा होले। उदाहरण खातिर अमौसा के स्थिति के सूर्य आ चंद्रमा के युति कहल जाई, आ पुर्नवासी के इनहन के वियुति के दशा होखी। चूंकि एह दुनों स्थिति में, तीनों पिंड एक सिधाई में होलें, दुनों के सिजिगी कहल जाला। अंग्रेजी में युति के कौन्जुगेशन आ वियुति के अपोजीशन कहल जाला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Her Majesty's Nautical Almanac Office and United States Naval Observatory (2012). "Syzygy". Glossary, The Astronomical Almanac Online. Archived from the original on 2013-06-15. Retrieved 2012-09-13.