सिद्धार्थ विश्वविद्यालय
उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थ नगर में इन्वर्सिटी
सिद्धार्थ विश्वविद्यालय, कपिलवस्तु, उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थ नगर जिला में इतिहासी महत्व के अस्थान कपिलवस्तु में एगो राज्य विश्वविद्यालय बाटे। ए विश्वविद्यालय के अस्थापना 2015 में भइल आ वर्तमान में एकरा से लगभग 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध बाड़े; एकरे अलावा खुद विश्वविद्यालय के कैंपस में यूजी, पीजी के पढ़ाई आ रिसर्च होखे ला।[1]
सिद्धार्थ विश्वविद्यालय | |
---|---|
मोटो | अत्त दीपो भव (पालि) |
Motto in English | Be a light unto Yourself |
स्थापना | 2015 |
प्रकार | पब्लिक राज्य विश्वविद्यालय |
चांसलर | उत्तर प्रदेश के राज्यपाल |
लोकेशन | सिद्धार्थ नगर, उत्तर प्रदेश, भारत 27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°Eनिर्देशांक: 27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°E |
कैंपस | देहाती |
भाषा | अंग्रेजी, हिंदी |
संबद्धता | यूजीसी |
वेबसाइट | suksn |
जुड़ल कॉलेज
संपादन करींएह इन्वर्सिटी से यूपी के छह गो जिला, जवना में महाराजगंज, सिद्धार्थनगर, संत कबीर नगर, बलरामपुर, बस्ती आ श्रावस्ती में मौज़ूद 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध बाड़ें। ई कॉलेज पहिले दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ डॉ. राम मनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय से जुड़ल रहलें।
एकेडमिक्स
संपादन करींसिद्धार्थ इन्वर्सिटी में अंडरग्रेजुएट, पोस्टग्रेजुएट आ रिसर्च के कोर्स उपलब्ध बाड़ें। एह तरीका से विश्वविद्यालय कुल चार गो फैकल्टी चला रहल बाटे।[2]
फैकल्टी
संपादन करीं- आर्ट फैकल्टी (कला संकाय)
- कॉमर्स फैकल्टी (वाणिज्य संकाय)
- होम साइंस फैकल्टी (गृह विज्ञान संकाय)
- साइंस फैकल्टी (विज्ञान संकाय)
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "|:SIDDHARTH UNIVERSITY KAPILVASTU, SIDDHARTH NAGAR:|". www-suksn-edu-in.translate.goog. Retrieved 2023-10-04.
- ↑ "|:Siddharth University Kapilvastu, Siddharth Nagar:|".
बाहरी कड़ी
संपादन करीं- ऑफिशियल वेबसाइट suksn
.edu .in - सिद्धार्थ विश्वविद्यालय फेसबुक पर
ई भारतीय इन्वार्सिटी, कॉलेज या अइसने संस्था से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |