सिंधु घाटी सभ्यता

भारतीय उपमहादीप में काँसा जुग के सभ्यता
(सिन्धु घाटी सभ्यता से अनुप्रेषित)

सिंधु घाटी सभ्यता प्राचीन भारत में एगो सभ्यता रहे जेवन वर्तमान पाकिस्तान, अफगानिस्तान के कुछ हिस्सा ओउर भारत की कुछ इलाकन में ओ समय फइलल रहे। एकर अनुमानित समय इसा पूर्व 10,000 से 2,500 बा। पाहिले एकर समय 3,500 ईसा पूर्व से 2,500 ईसा पूर्व मानल गइल लेकिन राखिगढ़ी के खुदाई के बाद अब एकर समय 10000 ईसा पूर्व तक अनुमान लगावल जाता।[प्रमाण देईं] ई हिसाब से सिन्धु घाटी सभ्यता संसार के पहिलका सभ्यता मानल जा सकऽता। ई सभ्यता लुप्त सरस्वती, सिन्धु, सतलज, घघर हकरा, नर्मदा नदी के किनारे विकसित भइल।

खुदाई में निकलल सिंधु घाटी सभ्यता के अवशेष, मोहनजोदड़ो, पाकिस्तान

सिंधु घाटी सभ्यता प्राचीन मिश्र, मेसोपोटामिया के साथे दुनिया के तीन गो सभ से पुरान सभ्यता में से एक बा। एह सभ्यता के जनसंख्या 50 लाख से जादे रहे।[1] एह सभ्यता के एक शहरी नियोजन, पाकल ईँटा के मकान, विस्तृत जल निकासी खाती जानल जाला। नगर सभ में लईकन के खेलौना आऊर लड़ाई के हथियार मिलल बा, जे शांति आ समृद्धि के सुझाव देवे ला।[2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. McIntosh, Jane (2008), The Ancient Indus Valley: New Perspectives, ABC-CLIO, p. 387, ISBN 978-1-57607-907-2
  2. Beck, Roger (2005). World History: Patterns of Interaction. McDougal Littell. p. 48.