सुअर के मांस

घरेलू सुअर से मिलल मांस

पोर्क घरेलू सुअर से मिलल मांस के नाम ह। ई दुनिया भर में सभसे ढेर खाइल जाला आ सुअर के पालतू बनावे के प्रमाण 5000 ईसा पूर्व से मिले ला। [1] [2] सुअर के मांस के ताजा, पकावल आ संरक्षित दुनों तरह के सेवन कइल जाला। हैम, गैमन, बेकनसॉसेज संरक्षित पोर्क के उदाहरण हवें।

पोर्क बेली कट, मांसपेशी आ चर्बी के परत देखावत बा
रोटीसेरी पर धीरे-धीरे भुनावल जा रहल एगो सुअर

पश्चिमी दुनिया में खासकर मध्य यूरोप में सुअर के मांस सबसे लोकप्रिय मांस ह . ई पूर्वीदक्खिन-पूरबी एशिया ( मुख्य भूमि दक्खिन-पूरबी एशिया, फिलीपींस, सिंगापुर, पूर्वी तिमोरमलेशिया ) में भी बहुत लोकप्रिय बा। एशियाई खाना में एह मांस के बहुत महत्व दिहल जाला, खासतौर पर चीन में, एकरे फैटी सामग्री आ बनावट के कारण।

कुछ धर्म आ संस्कृति सभ, खासतौर पर इस्लामयहूदी धर्म सभ में सुअर के मांस के सेवन पर रोक लगावल गइल बा।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Sources of Meat". Food and Agriculture Organization (FAO). 25 November 2014. Archived from the original on 2 March 2018. Retrieved 19 November 2016.
  2. Crabtree, Pam J.; Campana, Douglas V.; Ryan, Kathleen (1989). Early Animal Domestication and Its Cultural Context (अंग्रेजी में). UPenn Museum of Archaeology. ISBN 978-0-924171-96-3. Archived from the original on 6 February 2021. Retrieved 19 October 2020.