सैनिटोरियम (अंग्रेजी: sanatorium) एक किसिम के मेडिकल सुबिधा वाला जगह होला जहाँ लमहर बेमारी से ग्रसित लोगन के सेहत के देखभाल होखे ला।[नोट 1] ब्रिटेन आ यूरोप में अइसन सैनिटोरियम सभ खास क के टीबी रोग के मरीज लोगन के देखभाल खातिर बनावल जायँ जब अभिन एंटीबायोटिक दवाई सभ के खोज ना भइल रहे। पूरबी यूरोप में सैनिटोरियम दू किसिम के हिज्जे के साथे लिखल जाला आ कभी-कभार इनहन के अरथ में अंतर कइल जाला: sanatorium - सेहत सुधार खातिर बनल रिजार्ट खातिर इस्तेमाल होला, जबकि sanitoriam - एक किसिम के अस्पताल होला।[1][2]

नोट संपादन करीं

  1. आसान भाषा में एकरा के सेहत आरामगाह भी कहल जा सके ला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. ""The Sanatorium Age:'"Sanatorium' vs. 'Sanitarium', An History of the Fight Against Tuberculosis in Canada". Archived from the original on December 15, 2004.
  2. "Sanitarium, sanatorium, sanitorium", The Columbia Guide to Standard American English, 1993

बाहरी कड़ी संपादन करीं