सैलाइन वैली सॉल्ट ट्राम कैलिफोर्निया के इन्यो काउंटी मे बा। हई इलेक्ट्रिक हवाई ट्रामवे के निरमान 1911 से 1913 ले मे सैलाइन घाटी से निमक के ले जाए बदे कइल गइल रहे। 13.4 मील (21.6 किमी) के लाम ई चार गो अलग-अलग कंपनी सभ ला 1913 से 1935 ले छिटपुट रूप से काम कइलस। अपना संचालन के घड़ी ई अमेरिका के सभसे खड़ी ट्राम रहल।