सोनाक्षी सिन्हा (जन्म 2 जून 1987) एक ठो भारतीय ऐक्ट्रेस आ रैपर बाड़ी।[2] सोनाक्षी, एक्टर माता पिता शत्रुघ्न सिन्हापूनम सिन्हा के लइकी हई। सुरुआत में कस्च्यूम डिजाइनर के काम के बाद ई सन् 2010 में दबंग फिलिम में हिरोइन के रोल कइली आ एह फिलिम में अभिनय खातिर उनुके बेस्ट महिला डेब्यू के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल।[3]

सोनाक्षी सिन्हा
फोर्स 2 के संगीत के लॉन्च के समय सोनाक्षी सिन्हा
जनमसोनाक्षी सिन्हा[1]
(1987-06-02) 2 जून 1987 (उमिर 36)
मुंबई
राष्ट्रीयताभारतीय
महतारी संस्थाऍसएनडीटी वीमन्स यूनिवर्सिटी
पेशा
सक्रियता साल2010–वर्तमान
माईबापशत्रुघ्न सिन्हा
पूनम सिन्हा
परिवारलव सिन्हा (भाई)
कुश सिन्हा (भाई)

सोनाक्षी एकरे बाद कई ठे फिलिम में रोमांटिक रोल में देखाई पड़ली जिनहन में प्रमुख के नाँव बा - राउडी राठौर (2012), सन ऑफ सरदार (2012), दबंग 2 (2012) आ हॉलिडे: ए सोल्जर इस नेवर ऑफ ड्यूटी (2014)। फिलिम लुटेरा (2013) में उनके द्वारा एक ठो टीबी के मरीज लइकी के किरदार निभावे खातिर तारीफ़ मिलल आ बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर फिल्मफेयर अवार्ड खातिर नामांकन भइल।[4][5]

संदर्भ संपादन करीं

  1. Roshmila Bhattacharya (20 मई 2014). "Would love to change my relationship status: Sonakshi Sinha". Times Of India. Retrieved 29 मई 2014. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  2. Joginder Tuteja (31 दिसंबर 2015). "Sonakshi Sinha Turns Singer-Rapper". दि न्यू इंडियन ऍक्सप्रेस. Archived from the original on 2016-03-12. Retrieved 3 जनवरी 2016.
  3. "Salman Khan hosts an impromptu birthday bash for Sonakshi Sinha". No. Mid-Day.com. मिड डे. Retrieved 3 जून 2015.
  4. "Sonakshi Sinha: Year since 'Lootera', appreciation hasn't stopped". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 5 July 2014. Retrieved 28 November 2015.
  5. "Shatrughan Sinha breaks down after watching daughter Sonakshi in Lootera". Retrieved 3 अक्टूबर 2014.

बाहरी कड़ी संपादन करीं