स्पाइडर-मैन: अक्रॉस द स्पाइडर वर्स
स्पाइडर-मैन: अक्रॉस द स्पाइडर वर्स (अंग्रेजी: Spider-Man: Across the Spider-Verse; स्पाइडर-मैन: स्पाइडर-वर्स के पार) 2023 के अमेरिकी कंप्यूटर एनिमेटेड सुपरहीरो फिलिम हवे जेह में मार्वल कॉमिक्स के किरदार माइल्स मोरालेस / स्पाइडर-मैन के देखावल गइल बा, एकर निर्माण कोलंबिया पिक्चर्स आ सोनी पिक्चर्स एनीमेशन द्वारा मार्वल एंटरटेनमेंट के सहयोग से कइल गइल आ सोनी पिक्चर्स रिलीजिंग द्वारा बितरित कइल गइल बा।
स्पाइडर-मैन: अक्रॉस द स्पाइडर वर्स Spider-Man: Across the Spider-Verse | |
---|---|
डाइरेक्टर |
|
प्रोड्यूसर |
|
लेखक |
|
आधार | मार्वल कॉमिक्स |
कलाकार |
|
डिस्ट्रीब्यूटर | Sony Pictures Releasing |
रिलीज के तारीख |
|
लंबाई (समय) | 140 मिनट[1] |
देस | अमेरिका |
भाषा | अंग्रेजी |
बजट | $100 मिलियन[2] |
सोनी 2018 में रिलीज होखे से पहिले इंटू द स्पाइडर-वर्स के सीक्वल बिकसित करे शुरू क दिहले रहल, लेखन आ डाइरेक्शन टीम भी एह में लाग गइल रहल। एकरा में मूर के माइल्स आ स्टीनफेल्ड के ग्वेन के रिश्ता पर फोकस कइल गइल रहे। एह सीक्वल के ऑफिशियल घोषणा नवंबर 2019 में भइल आ एनीमेशन के काम जून 2020 में शुरू भइल, जवना में पात्र लोग द्वारा घूमे वाला छह गो ब्रह्मांड सभ में से हर एक खातिर अलग-अलग बिजुअल स्टाइल बीछल गइल। 140 मिनट के रनटाइम वाली ई फिलिम, कौनों अमेरिकी स्टूडियो द्वारा निर्मित अबतक के सभसे लमहर एनिमेटेड फिलिम बन गइल बा।
एकर अगिली सीक्वल फिलिम स्पाइडर-मैन: बियांड द स्पाइडर वर्स मार्च 2024 में रिलीज होखे खातिर शेड्यूल कइल गइल बाटे।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Spider-Man: Across the Spider-Verse (PG)". British Board of Film Classification. Retrieved 28 May 2023.
- ↑ Couch, Aaron (May 25, 2023). "The Widening Web of Phil Lord and Chris Miller". The Hollywood Reporter. Archived from the original on May 25, 2023. Retrieved May 25, 2023.