स्लीपर हिट मनोरंजन ब्यवसाय के शब्दावली हवे जे अइसन फिलिम या म्यूजिक खातिर इस्तेमाल कइल जाला जे लंबा समय के दौरान भारी कमाई करे, न कि सुरुआत में बहुत कमाई करे।[1] सुरुआती कम कमाई आ बहुत प्रमोशन के बिना ढेर दिन तक ले लगातार कमाई बटोरे वाली फिलिम के स्लीपर हिट फिलिम के दर्जा दिहल जाला।

उदाहरण खातिर स्लमडॉग मिलियानायर अपना समय में यूनाइटेड किंगडम में सभसे बड़ स्लीपर हिट फिलिम के दर्जा पवलस।[2] $15 मिलियन के बजट में बनल ई फिलिम दुनियाभर में US$377.9 मिलियन के कमाई कइलस।[3]


संदर्भ संपादन करीं

  1. Berra 2008, p. 68.
  2. गैंट, चार्ल्स (20 जनवरी 2009). "Slumdog Millionaire is the UK's biggest ever sleeper hit" [स्लमडॉग मिलियनायर यूके के अब तक ले के सभसे बड़ स्लीपर हिट बा]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Retrieved 29 अक्टूबर 2015.
  3. "Slumdog Millionaire" [स्लमडॉग मिलियनायर] (अंग्रेजी में). बॉक्स ऑफिस मोजो. Retrieved 29 नवंबर 2015.

स्रोत संपादन करीं