स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय

भारत सरकार के एगो कैबिनेट मंत्रालय

स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय भारत सरकार के मंत्रालय बा जवन भारत में स्वास्थ्य नीतिपरिवार नियोजन से संबंधित सगरो सरकारी कार्यकाज खातिर जिमवार बा।[1][2]

सालन से सरकार आपन नागरिकन के निमन जीवन के गुणवत्ता खातिर बिबिध स्वास्थ्य कार्यक्रम आ नीतीयन के सुरुआत कइले बा। अबारे मंत्रालय हेल्दी इंडिया नांव के एगो वेबसाइट शुरू कइले बा, जवन नागरिक के संतुलित आहार के माध्यम से आपन स्वास्थ्य के बनावे राखे के मार्गदर्शक देवेला।

Ministry of Health and Family Welfare
स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय
सत्यमेव जयते
𑂮𑂹𑂫𑂰𑂮𑂹𑂟𑂹𑂨 𑂄 𑂣𑂩𑂱𑂫𑂰𑂩 𑂍𑂪𑂹𑂨𑂰𑂝 𑂧𑂢𑂹𑂞𑂹𑂩𑂰𑂪𑂨
Agency overview
Formed1947 (77 years ago) (1947)
Jurisdictionभारत सरकार
HeadquartersCabinet Secretariat
Raisina Hill, New Delhi
28°36′50″N 77°12′32″E / 28.61389°N 77.20889°E / 28.61389; 77.20889
Annual budget223,000 करोड़ (US$31 बिलियन) (2021-22 est.)[3]
Ministers responsible
  • , मनसुख एल. मनदाविया
  • भारती पवार, Minister of State for Health
Agency executive
  • राजेश भुषण, आई॰ए॰एस॰, स्वास्थ्य सचिव
  • लव अग्रवाल, संयुक्त सचिव
Websitehttps://main.mohfw.gov.in/ [4]

स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण के मंत्री मंत्रीपरिषद् के सदस्य के रूप में मंत्रिमंडल के पद प बाड़े। वर्तमान मंत्री मनसुख एल मण्डविया बाड़े। जबके वर्तमान स्वास्थ्य राज्य मंत्री (MOS: मंत्री के सहायक मने वर्तमान में मनसुख एल मण्डाविया के सहायक) डॉ. भारती पवार बाड़ें।

1955 से ई मंत्रालय नियमित रूप से इंडियन फर्माकोपीया समिति (IPC) द्वारा इंडियन फार्माकोपीया (IP) के प्रकाशित करेला। इंडियन फर्माकोपीया समिति (IPC) चाहे भारतीय भेषज समिति भारत में दवाईयन के मानक तय करें खातिर, दवाई आ स्वास्थ्य संबंधीत उपकरण आ तकनीकीयन खातिर एगो स्वनियंत्रित संस्था बा।

संरचना (𑂮𑂁𑂩𑂒𑂢𑂰) संपादन करीं

ई मंत्रालय दूगो विभागन से बनल बा: स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण विभाग आ स्वास्थ्य संशोधन विभाग।

स्वास्थ्य विभाग (𑂮𑂹𑂫𑂰𑂮𑂹𑂟𑂹𑂨 𑂫𑂱𑂦𑂰𑂏) संपादन करीं

स्वास्थ्य विभाग स्वास्थ्य के देखभाल से संबंधित बा, जवना में जागरूकता अभियान, टीकाकरण अभियान, रोगनिवारक दवाई, आ जनस्वास्थ्य शामिल बा। एह विभाग के संस्था जे प्रशासनिक नियंत्रण के निच्चे बा:

  • राष्ट्रीय एड्स नियंत्रण संगठन (NACO)
  • 14गो राष्ट्रीय स्वास्थ्य कार्यक्रम
    • राष्ट्रीय एड्स नियंत्रण कार्यक्रम (एड्स), एड्स नियंत्रण विभाग (राष्ट्रीय एड्स नियंत्रण संगठन, NACO)
    • राष्ट्रीय कैंसर नियंत्रण कार्यक्रम (कैंसर) (1985 से)
    • राष्ट्रीय फलेरिया नियंत्रण कार्यक्रम (फलेरिया)
    • राष्ट्रीय आयोडीन अच्छत विकार नियंत्रण कार्यक्रम (आयोडीन के कमी)
    • राष्ट्रीय कुष्ठरोग नास कार्यक्रम (कुष्ठरोग / कोढ़)
    • राष्ट्रीय मानसिक स्वास्थ्य कार्यक्रम (मानसिक स्वास्थ्य)
    • राष्ट्रीय अंधता (आन्हरपन) नियंत्रण कार्यक्रम
    • बहरापन (बहिरापन) के रोकथाम आ नियंत्रण खातिर राष्ट्रीय कार्यक्रम
    • राष्ट्रीय तमाकू नियंत्रण कार्यक्रम (तमाकू नियंत्रण)
    • राष्ट्रीय वेक्टर जनित रोग नियंत्रण कार्यक्रम (NVBDCP) (वैक्टर-जनित रोग)
    • मधुमेह, सी.वी.डी. आ स्ट्रोक (मधुमेह, हृदय रोग, स्ट्रोक) के रोकथाम आ नियंत्रण पर पायलट प्रोग्राम (संभाव्यता अध्ययन)
    • आबोहवा परिवर्तन आ मानव स्वास्थ्य पर राष्ट्रीय कार्यक्रम (Cimate change)
    • संशोधित राष्ट्रीय टीबी नियंत्रण कार्यक्रम (क्षय रोग)
    • वैश्विक टीकाकरण कार्यक्रम
  • राष्ट्रीय चिकित्सा आयोग
  • भारतीय दन्त चिकित्सा परिषद्
  • भारत के फार्मेसी परिषद्
  • भारतीय नर्सिंग परिषद्
  • अखिल भारतीय भाषण आ श्रवण संस्थान (AIISH), मैसूर
  • अखिल भारतीय शारीरिक चिकित्सा आ पुनर्वास संस्थान (AIIPMR), मुंबई
  • अखिल भारतीय स्वच्छता आ जनस्वास्थ्य संस्था, कोलकाता
  • भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण
  • केन्द्रीय औषधि मानक नियंत्रण संगठन
  • राष्ट्रीय रोग नियंत्रण केन्द्र
  • कोविड-19 महामारी में मदद करी, मदद करेला

परिवार कल्याण विभाग (𑂣𑂩𑂱𑂫𑂰𑂩 𑂍𑂪𑂹𑂨𑂰𑂝 𑂫𑂱𑂦𑂰𑂏) संपादन करीं

परिवार कल्याण विभाग (FW) परिवार कल्याण से संबंधित पहलुवन खातिर जिम्मेदार बा, खासतौर पर प्रजनन स्वास्थ्य, मातृ स्वास्थ्य, बाल रोग, सूचना, शिक्षा आ संचार; गैर सरकारी संगठन (NGO), अंतर्राष्ट्रीय सहायता समूह के सङे सहयोग आ ग्रामीण स्वास्थ्य सेवा। परिवार कल्याण विभाग के जिम्मेदारी बा के;

  • 17गो राज्यन में छवगो विश्वविद्यालयन आ छवगो दोसरा संस्थानन में 18गो जनसंख्या संशोधन केंद्र (PRCs)
  • राष्ट्रीय स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण संस्थान (NIHFW), दिल्ली
  • आंतरराष्ट्रीय जनसंख्या विज्ञान संस्था (IIPS), मुंबई
  • केंद्रीय औषधि संशोधन संस्थान (CDRI), लखनऊ
  • भारतीय चिकित्सा संशोधन परिषद् (ICMR), न्यु दिल्ली

स्वास्थ्य संशोधन विभाग (𑂮𑂹𑂫𑂰𑂮𑂹𑂟𑂹𑂨 𑂮𑂁𑂬𑂷𑂡𑂢 𑂫𑂱𑂦𑂰𑂏) संपादन करीं

स्वास्थ्य संशोधन विभाग (DHR) के निर्माण 2007 में भइल आ अगिले महीना ई कामकाजी विभाग हो गइल। ई विभाग रोग के बोझ के अनुमान, स्वास्थ्य से संबंधित सास्ता नाया तकनीकी प्रक्रिया / उत्पादन के विकास, अनुवादित संशोधन आ बाल स्वास्थ्य देखभाल पर शोध करेला, जवन स्वास्थ्य संशोधन विभाग के सहायता अनुदान योजना में शामिल बा।

आयुष विभाग (𑂄𑂨𑂳𑂭 𑂫𑂱𑂦𑂰𑂏) संपादन करीं

भारतीय चिकित्सा प्रणाली आ होम्योपैथी विभाग (ISM&H) (Indian System of Medicine and Homeopathy) के स्थापना 1995 में भइल। बाकिर 2003 में एकर नाँव बदल के आयुष विभाग रखऽल गइल। आयुष एगो नाँव हवे जे ई विभाग द्वारा समेटल गइल वैकल्पिक स्वास्थ्य चिकित्सा पद्धतिन के नाँव से बनावल गइल बा: आयुर्वेद, योग, प्राकृतिक चिकित्सा, यूनानी, सिद्ध, आ होम्योपैथी (AYUSH)। आयुष विभाग शोधखोर आ शिक्षा पर केंद्रित बा।

आयुष विभाग अब स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय के भितर ना आवेला, एकरा के 9 नवंबर 2014 में स्वतंत्र मंत्रालय आयुष मंत्रालय घोषित कर देवऽल गइल।

संदर्भ ( 𑂮𑂢𑂹𑂠𑂩𑂹𑂦 ) संपादन करीं

  1. "Suspension of anti-diabetes drug takes industry by surprise". The Hindu. June 27, 2013. Retrieved August 1, 2013.
  2. "Let the science decide", The Hindu, July 24, 2013, retrieved 1 August 2013
  3. Choudhury, Saheli Roy (2021-02-01). "India to double health-care spending to $30 billion in new budget aimed at reviving growth". CNBC (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-02-01.
  4. "Health & Family Welfare| National Portal of India".