मागमपुरा महिंदा राजपक्षे बंदरगाह

श्रीलंका के दक्खिनी प्रांत में हंबनटोटा शहर में मौजूद बंदरगाह
(हंबनटोटा बंदरगाह से अनुप्रेषित)

मागमपुरा महिंदा राजपक्षे बंदरगाह भा हंबनटोटा बंदरगाह श्रीलंका के दक्खिनी प्रांत में हंबनटोटा शहर में मौजूद बंदरगाह बा। एकरे पहिला चरण के निर्माण के काम साल 2010 में पूरा भइल। 18 नवंबर 2010 के एगो समारोह में एकर उद्घाटन कइल गइल। एकर नाँव, श्रीलंका के राष्ट्रपति महिंदा राजपक्षे के नाँव पर रखल गइल बा।

मागमपुरा महिंदा राजपक्षे बंदरगाह
Location
Countryश्रीलंका
Locationहंबनटोटा
Coordinates06°07′10″N 81°06′29″E / 6.11944°N 81.10806°E / 6.11944; 81.10806निर्देशांक: 06°07′10″N 81°06′29″E / 6.11944°N 81.10806°E / 6.11944; 81.10806
Details
Opened18 नवंबर 2010
Available berths3
IATAHBT
Website
www.slpa.lk

चीन के पट्टा संपादन करीं

29 जुलाई 2017 के श्रीलंका सरकार द्वारा एकरा के चीन के सरकारी कंपनी के 99 साल खातिर पट्टा (लीज़) पर दे दिहल गइल।[1][2] एकरे पहिले इहाँ कई बेर एह बात के बिरोध प्रदर्शन भी भइल रहे कि चीन के ई बंदरगाह न सौंपल जाय[3] आ प्रमुख बिपक्षी पार्टी के अभिन भी कहनाम बा कि सरकार देस के संप्रभुता से खेलवाड़ क रहल बा[4] जबकि सरकार के कहनाम बा कि एह कदम से बिकास के नया जुग सुरू होखी। श्रीलंका सरकार के कहल ई बा कि ई बंदरगाह खाली पट्टा पर दिहल गइल बा आ चीन एकर ब्यापारिक-बानिज्यिक इस्तमाल क सके ला, जबकि बंदरगाह के सुरक्षा के पूरा जिम्मेदारी श्रीलंका सरकार के होखी आ श्रीलंकाई कंपनी के एह बंदरगाह के निर्माण में लागल खर्चा के कर्जा वापस ना करे के पड़ी, चीन एकर सैनिक गतिबिधि में इस्तेमाल ना क पाई।[5][6]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Hambantota Port agreement to be signed tomorrow - PM". Adaderana.lk. Retrieved 2017-07-31.
  2. "Hambantota port agreement signed". Adaderana.lk. Retrieved 2017-07-31.
  3. "श्रीलंका में चीनी बंदरगाह का विरोध, कई घायल - BBC हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2017-07-31.
  4. "नज़रिया: श्रीलंका में चीन के सामने कहां चूक गया भारत? - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2017-07-31.
  5. रिपोर्ट: विवेक कुमार. "श्रीलंका ने चीन को सौंपा अपना अहम हंबनटोटा पोर्ट | दुनिया | DW | 26.07.2017". DW. Retrieved 2017-07-31.
  6. "श्रीलंका ने हम्बनटोटा पोर्ट पर चीन को दिया झटका - BBC हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2017-07-31.

बाहरी कड़ी संपादन करीं