हमास (حركة المقاومة الإسلاميةहरकत अल-मुक़ावामा अल-इस्लामिया) चाहे इस्लामिक रेजिस्टेंस मूवमेंट, एगो सुन्नी इस्लामिक राजनीतिक आ मलेटरी संगठन हवे जे वर्तमान में फिलिस्तीनी इलाका सभ के गाजा पट्टी पर शासन क रहल बा। एकर मुख्यालय गाजा शहर में बा, बाकी एकर मौजूदगी पच्छिमी किनारवो (दुनो फिलिस्तीनी इलाका सभ में से बड़हन इलाका) में बा, जेकरा के फतह कंट्रोल करे ला। एकरा के व्यापक रूप से फिलिस्तीनी इलाका सभ के भीतर "हावी राजनीतिक ताकत" मानल जाला।

Islamic Resistance Movement
حركة المقاومة الإسلامية
स्पोक्सपर्सनFawzi Barhoum
ChairmanIsmail Haniyeh
Deputy ChairmanSaleh al-Arouri[1]
संस्थापक
स्थापितदिसंबर 10, 1987; 36 साल पहिले (1987-12-10)
जेकरे बिभाजन सेMuslim Brotherhood
मुख्यालयGaza City, Gaza Strip
Military wingIzz ad-Din al-Qassam Brigades
बिचारधारा
धर्मSunni Islam
Political allianceAlliance of Palestinian Forces
Most seats in the PLC (ल॰ 2006)
74 / 132
<div style="background-color: Lua error in package.lua at line 80: module 'Module:Political party/H' not found.; width: 56%; height: 100%;">
Party flag
वेबसाइट
hamas.ps

इजराइल के खिलाफ पहिला इंतिफादा शुरू भइला के कुछ समय बाद 1987 में हमास के स्थापना फिलिस्तीनी इमाम आ कार्यकर्ता अहमद यासीन कइलें। ई उनुका मुजामा अल इस्लामिया से निकलल जवना के स्थापना 1973 में गाजा में मिस्र के मुस्लिम ब्रदरहुड से जुड़ल एगो धार्मिक चैरिटी के रूप में भइल।

7 अक्टूबर 2023 के हमास इजरायल के खिलाफ एगो बड़हन सशस्त्र अभियान शुरू कइलस जेकरा के "ऑपरेशन अल-अकसा फ्लड" कहल गइल। हमला के हिस्सा के रूप में हमास के आतंकवादी गाजा-इजरायल के बैरियर के तूर दिहलें; नागरिकन के नरसंहार कइल, इजरायली सैन्य अड्डा पर हमला कइल आ नागरिक आ सैनिकन के अपहरण कइल एह हमला में सामिल बाटे। एह हमला के बाद इजरायल जुद्ध के घोषणा कइ दिहलस आ पूरा इजरायल आ गाजा पट्टी में भारी लड़ाई शुरू हो गइल।

संगठन संपादन करीं

हमास के अपना पहिले से मौज़ूद संगठन, मुजामा अल इस्लामिया, से एगो तीनपक्षीय ढाँचा विरासत में मिलल जवना में सामाजिक सेवा के प्रावधान, धार्मिक प्रशिक्षण आ शूरा परिषद के तहत सैन्य अभियान शामिल रहे। परंपरागत रूप से एकर चार गो अलग-अलग काम रहे: (क) एगो धर्मार्थ समाज कल्याण प्रभाग (दावा); (ख) हथियार के खरीद आ अभियान चलावे खातिर एगो मलेटरी डिवीजन (अल-मुजाहिदीन अल फिलास्टिनुन); (ग) एगो सुरक्षा सेवा (जेहाज अमन); आ (घ) एगो मीडिया शाखा (अअलम)।

संगठन के सटीक ढाँचा के बारे में साफ जानकारी नइखे काहे कि ऑपरेशन गतिविधियन के छिपावे का चक्कर में ई गोपनीयता के पर्दा में लपटाइल बाटे। औपचारिक तौर प हमास के कहनाम बा कि ई विंग अलग आ आजाद बा, लेकिन एकरा प सवालो उठत रहल बाड़ें। इहो तर्क दिहल गइल बा कि एकर विंग अलग-अलग आ एकजुट दुनों होला आतंरिक आ बाहरी राजनीतिक जरूरत के कारण अइसन बा। इहो कहल जा रहल बाटे कि अब इजरायली खुफिया निगरानी के पूरा तरीका से आ मुखबिरन के एगो व्यापक अड्डा के अस्तित्व का चलते हमास के राजनीतिक आ सैन्य विंग का बीच संवाद मुश्किल हो गइल बा।

फंडिंग संपादन करीं

हमास, अपना से पहिले के मुस्लिम ब्रदरहुड नियर, गाजा के वक्फ संपत्ति सभ के प्रशासन के काम संभाल लिहलस, ई एण्डोवमेंट हवें जे गाजा पट्टी के सगरी रियल एस्टेट के 10% से ढेर बिस्तार लिहले बाड़ें, जहाँ 2,000 एकड़ खेती के जमीन धार्मिक ट्रस्ट सभ में रखल गइल बा, एकरे साथ साथ कई गो दुकान, किराया पर लेवे लायक अपार्टमेंट भी बाड़ें आ सार्वजनिक भवनन के बारे में बतावल गइल बा।

पब्लिक सपोर्ट संपादन करीं

फिलिस्तीनी आबादी में हमास के बहुत लोकप्रियता आ समर्थन बा, 2021 ले।ओह साल भइल एगो सर्वेक्षण में पावल गइल कि 53% लोग के मानल बा कि हमास "फिलिस्तीनी लोग के प्रतिनिधित्व आ नेतृत्व करे के सभसे हकदार बा", जबकि खाली 14% लोग अब्बास के फतह पार्टी के पसंद कइल। एकरे साथ ही गाजा के बहुसंख्यक लोग हमास के भी भ्रष्ट मानत बा, बाकी एह समूह के आलोचना करे से डेरा जाला।2023 में भइल सर्वे में पावल गइल कि फिलिस्तीनी लोग में हमास के समर्थन लगभग 27–31% रहल।

नोट संपादन करीं

  1. "Hamas considers Palestine the main front of jihad and viewed the uprising as an Islamic way of fighting the Occupation. The organisation's leaders argued that Islam gave the Palestinian people the power to confront Israel and described the Intifada as the return of the masses to Islam. Since its inception, Hamas has tried to reconcile nationalism and Islam. [...] Hamas claims to speak as a nationalist movement but with an Islamic-nationalist rather than a secular nationalist agenda."[11]
  2. "Hamas is primarily a religious movement whose nationalist worldview is shaped by its religious ideology."[12]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Hamas appoints West Bank terror chief as its deputy leader". The Times of Israel. October 5, 2017.
  2. Abdelal 2016, p. 122.
  3. Dalloul 2017.
  4. Abu-Amr 1993, p. 10.
  5. Litvak 1998, p. 151.
  6. Barzak 2011.
  7. AFP 2019.
  8. 8.0 8.1 8.2 Dalacoura 2012, pp. 66–67.
  9. Dunning 2016, p. 270.
  10. Stepanova 2008, p. 113.
  11. Cheema 2008, p. 465.
  12. Litvak 2004, pp. 156–57.
  13. Litvak 1998, pp. 151–52: "This strong anti-Jewish stance distinguishes Hamas from the PLO organization".
  14. Filiu 2012, pp. 55, 64–67.
  15. Honig-Parnass, Haddad, Tikva, Toufic (2007). "10: Expanding Regionally, Resisting Locally". Between the Lines. Haymarket Books. p. 297. ISBN 978-1931859-44-8.