हर
खेती के कामे आवे वाला औजार जेकरा से खेत के जोतल जाला
हर (अंग्रेजी: plough, हिंदी: हल) खेती मे कामे आवे वला एगो औजार हटे, जेकरा से बोआई से पहिले खेत के माटी के जोतल जाला। हर अइसे त घोड़ा भा बैल घींचत रहऽ सन, बाकिर आज-काल ई काम ट्रैक्टर से होखे लागल बाटे।
हर, ऊपर के माटी के पलट देला, जेह से नीचे से उपजाऊ माटी ऊपर आ जाला। खेत जोतला के बाद ओकर माटी के सुखे के छोड़ दिआला, फेन ओह मे रोपाइ करे से पहिले, ओकरा बराबर करे बदे हेंगावल जाला।
नाँव
संपादन करींपुरान आ खिआइल हर के, खिनौरी भा खुटहरा कहल जाला, आ नाया हर के नवघर भा नवठा कहल जाला।[1]
भाग
संपादन करींहर मे हई सभ चीझ होला:
- हरिस
- हर
- परिहथ
- खेड़ा
- टोर
- फार
- पाट
- बराइन
- करुआरा
- पालो
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Grierson, G.A. (1885). Bihar Peasant Life. London: The Bengal Secretariat Press. p. 1.
ई औजार-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |