हरनाज़ संधू

मिस यूनिवर्स 2021, भारतीय मॉडल आ ब्यूटी क्वीन

हरनाज़ कौर संधू (जनम 3 मार्च 2000) एगो भारतीय मॉडल आ ब्यूटी पैजेंट धारक बाड़ी जिनका 2021 के मिस यूनिवर्स के खिताब मिलल बा। एकरा पहिले इनके मिस दीवा 2021 क खिताब मिलल रहल आ अब ई भारत के तिसरी मॉडल बन गइल बाड़ी जिनका के मिस यूनिवर्स के खिताब मिलल होखे; लारा दत्ता के मिस यूनिवर्स बने के 21 बरिस बाद भारत के केहू प्रतियोगी के ई खिताब मिलल बाटे।[1]

हरनाज़ संधू
ब्यूटी पेजेंट टाइटिल बिजेता
जनमहरनाज़ कौर संधू
(2000-03-03) 3 मार्च 2000 (उमिर 23)
गुरुहरसहाय, फिरोजपुर जिला, पंजाब, भारत
लंबाई1.75 मी (5 फुट 9 इंच)
बारकरिया
आँखभूअर
टाइटिलफ़ेमिना मिस इंडिया पंजाब 2019
मिस दीवा यूनिवर्स 2021
मिस यूनिवर्स 2021
प्रमुख
प्रतियोगिता
फ़ेमिना मिस इंडिया 2019
(टॉप 12)
मिस दीवा यूनिवर्स 2021
(बिजेता)
मिस यूनिवर्स 2021]
(बिजेता)

एकरा पहिले संधू 2019 में फ़ेमिना मिस इंडिया पंजाब के ख़िताब जितले रहली आ 2019 के फ़ेमिना मिस इंडिया प्रतियोगिता में टॉप-12 में रहली।

शुरुआती जिनगी संपादन करीं

संधू के जनम गुरुहरसराय में एगो हरियाणवी सिख परिवार में भइल।[2] शुरुआती पढ़ाई-लिखाई एहिजे एगो पब्लिक इस्कूल में भइल आ एकरे बाद चंडीगढ़ के गवर्नमेंट पीजी कॉलेज से भइल। वर्तमान में ई पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन बिसय में मास्टर डिग्री के पढ़ाई क रहल बाड़ी।[3]

मिस यूनिवर्स 2021 संपादन करीं

मिस दीवा 2021 बने के बाद संधू के मिस यूनिवर्स 2021 प्रतियोगिता में शामिल होखे आ भारत के प्रतिनिधित्व करे के बात तय हो गइल।[4] ई कंपटीशन 12 दिसंबर 2021 के इजराइल के एलात शहर में आयोजित भइल।[5] संधू एह प्रयोयोगिता में जीते के बाद भारत के तिसरी अइसन मॉडल बन गइली जे मिस यूनिवर्स के खिताब जितले होखे; इनका पहिले सुष्मिता सेन 1994 में आ लारा दत्ता 2000 में ई खिताब जितले रहल लोग। एह तरीका से 21 बरिस बाद केहू भारतीय मॉडल के ई खिताब मिलल बाटे।[6][7][8]

मिस यूनिवर्स के रूप में, संधू न्यूयॉर्क शहर में रहिहें आ साल भर कई गो अंतर्राष्ट्रीय इवेंट सभ में हिस्सा लिहें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "हरनाज़ संधू – वो सवाल और जवाब जिन्होंने मिस यूनिवर्स का दिलाया ताज". BBC News हिंदी (हिंदी में). 13 दिसंबर 2021. Retrieved 13 दिसंबर 2021.
  2. "मिस यूनिवर्स के लिए ऐसे तैयारी कर रही हैं हरनाज संधू, तीनों ही स्टार्स ने खोले जिंदगी के राज". Times Now (हिंदी में). 11 October 2021.
  3. "Who is Harnaaz Sandhu? The Miss Universe 2021 from India". Hindustan Times. 13 December 2021.
  4. "Harnaaz Sandhu Is Miss Universe India 2021, Ritika Khatnani Wins Miss Diva Supranational 2022 Title". latestly.com.
  5. "Miss Universe 2021 to be held in Israel, Steve Harvey to return as host". USA Today. July 20, 2021. Retrieved July 20, 2021.
  6. "India's Harnaaz Sandhu wins Miss Universe 2021". Philippine Star. December 13, 2021.
  7. "Harnaaz Sandhu of India named 70th Miss Universe". San Francisco Chronicle. December 12, 2021.
  8. "India's Harnaaz Sandhu Brings Home Miss Universe Crown After 21 Years". NDTV.com. Retrieved 2021-12-13.