हरमन वोक (27 मई 1915 — 17 मई 2019) एगो अमेरिकी लेखक रहलन। उनुकर पनरह गो उपन्यास छ्पलें, जिनहन में से अधिकतर इतिहासी फिक्शन रहलें, जइसे कि दि केन म्यूटिनी (1951), जेकरा खातिर उनुके पुलित्ज़र प्राइज़ मिलल।

हरमन वोक
Wouk in 1955
Wouk in 1955
जनम(1915-05-27)मई 27, 1915
New York City, U.S.
निधनमई 17, 2019(2019-05-17) (उमिर 103)
Palm Springs, California, U.S.
समाधीBeth David Cemetery
पेशाAuthor
शिक्षाColumbia University (BA)
समय1941–2019
प्रमुख रचनाटेम्पलेट:Cslist
जीवनसाथी
Betty Brown
(बि. 1945; नि. 2011)
संतान3
रिश्तेदार
Military career
Service/branchUnited States Navy
Years of service1942–1946
RankLieutenant
Battles/wars
वेबसाइट
www.hermanwouk.com

उनुकर अउरी नामबर उपन्यास दि विंड्स ऑफ़ वॉरवॉर एंड रिमेम्ब्रेंस (दुसरा बिश्व जुद्ध के बारे में इतिहासी उपन्यास) रहलें। गैर-फिक्शन किताब दिस इस माय गॉड यहूदी धर्म के आधुनिक ऑर्थोडॉक्स नजरिया से ब्याख्या रहल जे यहूदी आ गैर-यहूदी दुनों पाठक लोगन खातिर रहल। उनुके किताब सभ दुनियाँ के 27 भाषा सभ में अनुबादित भइलीं।

लाइब्रेरी ऑफ़ कॉंग्रेस में 1995 में भइल सम्मलेन में दुनियाँ भर के उपन्यासकार, इतिहासकार, पब्लिशर आ साहित्यिक समालोचक लोगन के जुटान भइल, हरमन वोक के 80वाँ जनमदिन मनावे खातिर आ एह जुटान में उनुके अमेरिकन टॉलस्टॉय के दर्जा दिहल गइल। वोक 103 बारिस जियलें।