हिंदी मीडियम एक ठो भारतीय हिंदी फिलिम बाटे जवना के लेखक जीनत लखानी आ डाइरेक्टर साकेत चौधरी बा लोग। फिलिम में मुख्य भूमिका में इरफ़ान खान आ सबा क़मर बा लोग। ई फिलिम, एक ठो मलयालम फिलिम के रीमेक हवे जवन कि खुद एगो बंगाली फिलिम के रीमेक रहल।[5][6][7]

हिंदी मीडियम
डाइरेक्टरसाकेत चौधरी
प्रोड्यूसरभूषन कुमार
कृष्ण कुमार
दिनेश विजन
स्क्रीनप्लेज़ीनत लखानी
साकेत चौधरी
कहानीज़ीनत लखानी
साकेत चौधरी
कलाकारइरफ़ान ख़ान
सबा क़मर
दीपक डोबरियाल
संगीतकारगाना:
सचिन-जिगर
बैकग्राउंड स्कोर:
अमर मोहिले
संपादकए श्रीकर प्रसाद
प्रोडक्शन
कंपनी
टी-सीरीज
मड्डोक फिल्म्स
डिस्ट्रीब्यूटरटी-सीरीज
रिलीज के तारीख
  • 19 मई 2017 (2017-05-19)[1]
लंबाई (समय)
133 मिनट[2]
देसभारत
भाषाहिंदी
बजट15 करोड़[3]
बॉक्स ऑफिसअनु॰ 3.90 करोड़[4]

फिलिम पहिले 12 मई 2017 के रिलीज होखे वाली रहल[8] बाकी कुछ कारन से 19 मई 2017 के रिलीज भइल।[1]

कहानी संपादन करीं

फिलिम के कहानी एक ठो आम परिवार के ऊपर बा जेह में लड़िकन के महतारी-बाप लोग मेट्रो-शहर में बढ़ियाँ इस्कूल में दाखिला करवावे खातिर परेशान बा। ई ओह लोग खातिर आँख खोले वाला बा जे लोग सोचे ला कि अंग्रेजी भाषा में हर चीज में सफलता के चाभी छिपल बा।

समाज के अन्य पहलू भी देखावल गइल बा जहाँ गरीब आदमी आ ओकर बाल-बच्चा लोग अपने में मगन बा आ एक दुसरे के साथ सुख-दुःख साझा क के एक दुसरा के ख्याल रखत बा जबकि धनी परिवार के लड़िकन के खाली इहे सिखावल जाला कि ई बिचार गरीब लोग के साथ सहानुभूति देखावे ले सीमित बा।

फिलिम एह संदेस के साथ ख़त्म होले कि पढ़ाई आ शिक्षा के मूल मकसद बढ़ियाँ ब्यक्ति के निर्माण कइल हवे।

एक्टर कलाकार संपादन करीं

  • इरफ़ान ख़ान
  • सबा क़मर
  • दीपक डोबरियाल
  • स्वाती दास
  • दिशिता सहगल
  • दिलज़ाद हिवाले
  • जसपाल शर्मा
  • विजय कुमार डोगरा
  • देवांश शर्मा (स्पेशल अपीयरेंस)
  • रोहित टन्नन
  • खुशबू शर्मा


रिलीज संपादन करीं

19 मई 2017 के ई फिलिम पूरा दुनिया में रिलीज भइल।[9]हिंदी मीडियम के गुजरात में 'टैक्स फ्री' कइल गइल आ साथे-साथ महाराष्ट्र में भी।[10][11]

बिबाद संपादन करीं

नंदिता रॉय आ शिबोप्रसाद मुखर्जी के 2014 में रिलीज भइल बंगाली फिलिम रामधनु के साथ एह फिलिम के बहुत समानता बाटे।[12]

साउंडट्रैक संपादन करीं

हिंदी मीडियम
सचिन जिगर के साउंडट्रैक एल्बम
रिलीज भइल21 अप्रैल 2017
रिकार्ड भइल2016–2017
बिधासाउंडट्रैक
समय21:21
लेबलटी-सीरीज
सचिन जिगर के समयरेखा
मेरी प्यारी बिंदू
(2017)मेरी प्यारी बिंदू2017
हिंदी मीडियम
(2017)
हिंदी मीडियम से सिंगल गाना सभ
  1. "हूर"
    Released: 20 अप्रैल 2017

फिलिम क संगीत सचिन-जिगर द्वारा दिहल गइल बा आ गीत लिखे के काम प्रिया सरैया आ कुमार के बा। अमर मोहिले एह में बैकग्राउंड स्कोर दिहले बाने। पूरा म्यूजिक के रिलीज 21 अप्रैल 2017 के भइल। पूरा फिलिम में पाँच गो गाना बाड़ें।[13] The music rights are acquired by T-Series.[14][8]

नं.गाना के बोलगीतकारसंगीतगायकसमय
1."सुइट सुइट"गुरु रंधावा, अर्जुनगुरु रंधावा, रजत नागपालगुरु रंधावा, अर्जुन3:10
2."हूर"प्रिया सरैयासचिन-जिगरआतिफ़ असलम3:57
3."ओह हो हो हो"सुखबीर, एक्कासचिन-जिगरसुखबीर, एक्का4:04
4."एक जिंदड़ी"कुमारसचिन-जिगरतनिष्का सांघवी4:31
5."फकीरी"परंपरागतनीरज आर्या' के कबीर कैफेनीरज आर्या5:39
कुल समय:21:21

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 http://www.bollywoodhungama.com/movie/hindi-medium
  2. "Hindi Medium". British Board of Film Classification. Retrieved 12 May 2017.
  3. http://www.bollymoviereviewz.com/2017/05/hindi-medium-budget-box-office-opening.html
  4. http://www.bollywoodhungama.com/news/box-office-special-features/box-office-worldwide-collections-day-wise-breakup-hindi-medium/
  5. "Bengali film remakes make a comeback on national screens"
  6. "First Look: Irrfan Khan and Pakistani beauty Saba Qamar in ‘Hindi Medium’"
  7. "Hindi Medium Trailer: Irrfan and Saba Qamar take you for a ride; showcase a battle between Hindi and English". www.pinkvilla.com. Retrieved 2017-04-08.[मुर्दा कड़ी]
  8. 8.0 8.1 "Official Trailer: Hindi Medium | Irrfan Khan | Saba Qamar & Deepak Dobriyal | In Cinemas 12th May". T-Series. 6 April 2017. Retrieved 8 April 2017 – via YouTube.
  9. "Box office jigsaw: It's Irrfan's 'Hindi Medium' vs Arjun Kapoor's 'Half Girlfriend' now". mid-day.com. 3 May 2017. Retrieved 3 May 2017.
  10. "Irrfan Khan's Hindi Medium goes tax free in Maharashtra and Gujarat".
  11. Irrfan Khan’s Hindi Medium made tax-free in Maharashtra
  12. http://timesofindia.indiatimes.com/city/kolkata/tolly-trio-says-irrfan-starrer-copied-from-ramdhanu-may-move-court/articleshow/57902646.cms
  13. "Hindi Medium Movie Full Album (Audio Jukebox)". T-Series. Retrieved 21 April 2017 – via YouTube.
  14. "Hindi Medium (Original Motion Picture Soundtrack)". Sachin–Jigar. Retrieved 21 April 2017 – via iTunes.

बाहरी कड़ी संपादन करीं