ह्यूस्टन टेक्सास के सभसे बेसी जनसंख्या वला, अमेरिका के चउथा सभसे बेसी जनसंख्या वला, दक्खिनी अमेरिका के सभसे बेसी जनसंख्या वला आ उत्तर अमेरिका मे छउवाँ सभसे बेसी जनसंख्या वला नगर हवे। 2020 में एकर जनसंख्या 2,304,580 रहल। दक्खिन-पूरबी टेक्सास में गैलवेस्टन खाड़ी आ मैक्सिको के खाड़ी के लगे बसल ई हैरिस काउंटी के मुख्यालय आ सभसे बड़ नगर हवे आ ग्रेटर ह्यूस्टन महानगरीय इलाका के प्रमुख नगर हवे जे अमेरिका मे पाँचवाँ सभसे ढेर जनसंख्या वाला सांख्यिकीय इलाका हवे आ डलास–फोर्ट वर्थ के बाद टेक्सास मे दूसरा सबसे अधिक आबादी वाला बा। ह्यूस्टन टेक्सास ट्रायंगल के नाँव से जानल जाए वाला बड़हन मेगारिजियन के दक्खिन-पूरबी लंगर हवे।