8के रिजोल्यूशन
8के रिजोल्यूशन जेकरा के 8के यूएचडी (8K UHD) के नाँव से भी जानल जाला, कौनों भी स्क्रीन चाहे डिस्प्ले हऽ जेकर चौड़ाई आठ हजार पिक्सेल के होखे। अक्षर K के मलतब किलो, मने की हजार हवे आ यूएचडी के पूरा मतलब अल्ट्रा हाइ डेफिनिशन हवे। वर्तमान (2018 में) समय में अबतक ले के ई सभसे ढेर रिजोल्यूशन बा जे डिस्प्ले आ सिनेमैटोग्राफी में इस्तेमाल हो रहल बाटे।
8के रिजोल्यूशन में, स्क्रीन के चौड़ाई (मने के हौरिजेंटल चाहे बेंड़ी-बेंड़ा) 7,680 पिक्सेल के होला आ पूरा इमेज के माप (7680×4320) होला; एही से एकरा के 4320पी भी कहल जाला जे एकरे वर्टिकल पिक्सेल साइज के आधार पर रखल नाँव हवे।
ई टेक्नालॉजी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |