आइएसओ 639-1
(ISO 639-1 से अनुप्रेषित)
आइएसओ 639-1:2002 (ISO 639-1:2002), भाषा सभ के नाँव के रिप्रेजेंटेशन खातिर कोड — भाग 1: अल्फ़ा-2 कोड, भाषा सभ के नाँव खातिर इंटरनेशनल स्टैंडर्ड ऑर्गेनाइजेशन दुआरा बनावल कोड हवे आ ई ISO 639 सीरीज के पहिला भाग हवें। एह में बिस्व के प्रमुख भाषा सभ के दू-अच्छर के कोड से चिन्हित कइल जाला आ एही कारन एह लिस्ट के अल्फ़ा-2 कोड भी कहल जाला।
अक्टूबर 2015 तक ले, कुल 184 दू अच्छर के कोड एह लिस्ट में सामिल बाड़ें। ई दुनिया के प्रमुख भाषा सभ खातिर बा, कुछ उदाहरण नीचे दिहल गइल बाड़ें:
- अंग्रेजी भाषा -
en
- जर्मन भाषा -
de
- फ्रेंच भाषा -
fr
- उर्दू भाषा -
ur
एही तरीका से अउरी बाकी कोड सभ बाड़ें।
इहो देखल जाय
संपादन करीं- आइएसओ 639 सिरीज
- आइएसओ 639-2
- आइएसओ 639-3
संदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करींई भाषा-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |