भारतीय मानक समय (अंग्रेजी: Indian Standard Time) या आइऍसटी (IST) एक ठो समय हवे जे भारतश्री लंका में मानक समय के रूप में मानल जाला, आ एकर टाइम ऑफसेट यूटीसी+05:30 हवे। भारत में डेलाइट बचत समय (DST) या कौनों अन्य सीजनल बदलाव ना कइल जाला। मलेटरी आ एविएशन में आइएसटी के E* ("एको स्टार") के नाँव से पहिचानल जाला।[1]

सीमा के साथ लागल देस सभ के तुलना में आइऍसटी

भारतीय मानक समय के गणना 82.58° पूर्ब देशांतर, जे शंकरगढ़ किला, मिर्जापुर (25°09′N 82°35′E / 25.15°N 82.58°E / 25.15; 82.58) (उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला में मौजूद) से होला जे लगभग ओही रेखा पर बाटे जवना के संदर्भ देशांतर मानल जाला।[2]

टीजेड डेटाबेस में एकरा के एशिया/कोलकाता के नाँव से पहिचानल जाला।

इतिहास संपादन करीं

1947 में आजादी से पहिले भारत में कई गो टाइम जोन आ समय प्रचलित रहे। आजादी के बाद भारत सरकार, पूरा देस खातिर एक ठो टाइम जोन निश्चित क दिहलस जवना के भारतीय मानक समय नाँव दिहल गइल। हालाँकि, एकरे बाद भी कलकत्ता आ बंबई आपन लोकल समय के,क्रमसे, 1948 आ 1955 ले इस्तेमाल कइलें।[3] पहिले केंद्रीय बेधशाला मद्रास में स्थापित रहल, एकरा के इलाहाबाद जिला के शंकरगढ़ ले जाइल गइल ताकि ई UTC +5:30 से ज्यादा-से-ज्यादा नजदीक रहे।

भारत में डे'लाइट सेविंग टाइम के इस्तमाल ना होला, हालाँकि, कुछ समय खातिर ई ब्यवस्था के चीन जुद्ध (1962) आ दुनों भारत-पाक लड़ाई (1965) आ (1971) में लागू कइल गइल रहे।[4]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Military and Civilian Time Designations" [मलेटरी आ सिविलियन समय नाँव]. ग्रीनिच मीन टाइम. Retrieved 2006-12-02.
  2. "Two-timing India". हिंदुस्तान टाइम्स. 2007-09-04. Archived from the original on 2013-05-09. Retrieved 2012-09-24.
  3. "Odds and Ends". Indian Railways Fan Club. Retrieved 2006-11-25.
  4. "India Time Zones". Greenwich Mean Time. Retrieved 2006-11-25.

बाहरी कड़ी संपादन करीं