अंब्रा, पेनंब्रा आ एंटंब्रा
(अंब्रा से अनुप्रेषित)
अंब्रा, पेनंब्रा आ एंटंब्रा कौनों छाहीं के तीन गो हिस्सा होलें।[1] जब अँजोर के कौनो स्रोत के सोझा कौनों दूसर अइसन पिंड आ जाला जे अँजोर के रोक के छाहीं बनावे, ओह पिंड के छाहीं के तीन हिस्सा होलें जेह में सबसे अन्हार वाला हिस्सा अंब्रा होला जहाँ तनिको रोशनी ना चहुँपेला[2], दुसरा हिस्सा पेनंब्रा में से देखले पर अँजोर के स्रोत के कुछ हिस्सा भर तोपाइल लउके ला[3], आ छाहीं के सभसे दूर वाला हिस्सा एंटंब्रा होला[4] जहाँ से देखले पर रोशनी के स्रोत के बीचोबीच ओकरा के तोपे वाला पिंड लउके ला बाकी रोशनी के स्रोत पूरा तोपाला ना आ पिंड के चारो ओर गोल चूड़ीदार या अँगूठी के नियर रोशनी लउके ले।[1]
तीनों शब्द अंग्रेजी भाषा के हवें आ इनहन के मूल लैटिन भाषा हवे। इनहन के इस्तेमाल आमतौर पर गरहन के ब्याख्या आ बिबरन देवे में होला।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 John Westfall; William Sheehan (19 November 2014). Celestial Shadows: Eclipses, Transits, and Occultations. Springer. pp. 2–. ISBN 978-1-4939-1535-4.
- ↑ . "Umbra | Definition of Umbra by Merriam-Webster". Merriam-webster.com. Retrieved 2018-01-10.
{{cite web}}
: CS1 maint: extra punctuation (link) - ↑ "Diagram of Umbra and Penumbra | NASA". Nasa.gov. Retrieved 2018-01-10.
- ↑ "Eclipse Shadow: What Is the Antumbra?". Timeanddate.com. 2017-02-26. Retrieved 2018-01-10.
ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |