अडोबी इंक.

अमेरिकी मल्टिनेशनल सॉफ्टवेयर कंपनी

अडोबी इंक., जे पहिले अडोबी सिस्टम्स इंकॉर्पोरेटेड के नाँव से जानल जाय, एगो अमेरिकी मल्टीनेशनल कंप्यूटर सॉफ्टवेयर कंपनी हवे जे डेलावेयर में कार्पोरेशन के रूप में अस्थापित भइल आ एकर मुख्यालय सैन जोस, कैलिफोर्निया में बाटे। ई ऐतिहासिक रूप से ग्राफिक्स, फोटोग्राफी, चित्रण, एनीमेशन, मल्टीमीडिया/वीडियो, मोशन पिक्चर, आ प्रिंट समेत कई तरह के सामग्री के बनावे आ पब्लिश करे खातिर सॉफ्टवेयर में बिसेसज्ञता हासिल कइले बा।

Adobe, Inc.
पुराना नाँव
Adobe Systems Incorporated (1982–2018)
प्रकार
Public
इंडस्ट्रीSoftware
स्थापितदिसंबर 1982; 41 years ago (1982-12)
Mountain View, California, U.S.
संस्थापक
मुख्यालयAdobe World Headquarters, सैन होजे, कैलिफोर्निया, U.S.
सेवा के एरिया
Worldwide
प्रमुख लोग
प्रोडक्ट
कर्मचारी संख्या
29,239 (As of December 2, 2022)[1]
वेबसाइटwww.adobe.com एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं
Footnotes / references
[1][2]

अडोबी के सभसे प्रमुख प्रोडक्ट सभ में - इमेज एडिटिंग सॉफ्टवेयर अडोबी फोटोशॉप; वेक्टर आधारित ड्रॉइंग सॉफ्टवेयर अडोबी इलस्ट्रेटर; अडोबी एक्रोबेट रीडरपोर्टेबल डॉक्यूमेंट फॉर्मेट (पीडीएफ); आ मुख्य रूप से ऑडियो-विजुअल सामग्री बनावे, संपादन आ प्रकाशन खातिर टूल सभ के होस्ट करे वाला सॉफ्टवेयर बाने। अडोबी अपना प्रोडक्ट सभ के बंडल के रूप में पेश करे ले जेकर नाँव अडोबी क्रिएटिव सूट रहल जे अब अडोबी क्रिएटिव क्लाउड नाँव के सेवा (SaaS) ऑफरिंग के रूप में सदस्यता सॉफ्टवेयर में बिकसित हो चुकल बाटे। कंपनी डिजिटल मार्केटिंग सॉफ्टवेयर में भी बिस्तार कइलस आ 2021 में कंज्यूमर एक्सपीरियेंस मैनेजमेंट (CXM) में टॉप ग्लोबल लीडर सभ में से एक मानल गइल रहे।

  1. 1.0 1.1 "Adobe Inc. 2022 Annual Form 10-K Report". adobe.com. 2 December 2022. Archived from the original on 2023-05-02. Retrieved 3 April 2023.
  2. "Adobe Systems". Fortune. Archived from the original on December 21, 2018. Retrieved December 20, 2018.